QUICK SEARCH

Download 100% Free Bhojpuri Songs, Legally

  For the first time in India, Bhojpuria Music is offering free download of Bhojpuri mp3 songs, that too 100% legally. We own online rights of these songs. Come, download new songs every week.

Download Now

  LATEST NEWS

  You may visit the biggest online social network for Bhojpuria people at JaiBhojpuri.com

Read more

  For latest happenings in Bhojpuri, visit the biggest portal for Bhojpuri speaking people -  Bhojpuria.com

Read more

  Does your voice has the potential to rule the masses? Please contact us with one of your recorded songs, and we might help you release your next album. Please send us an e-mail at music@bhojpuria.com to know more...

Read more

  LATEST NEWS 

बहुप्रतिक्षित एलबम “चाहत में सनम” लोकार्पित

लखनऊ। भोजपुरिया समाज के बहुप्रतिक्षित एलबम “चाहत में सनम” एहिजा के स्थानीय श्रीउमानाथ बली प्रेक्षागृह में लोकार्पित कइ दिहल गइल। एकर लोकार्पण अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रभुनाथ राय अउर ईटीवी उत्तर प्रदेश के पंकज श्रीवास्तव द्वारा कइल गइल।

एह एलबम के बारे में बतावत प्रभुनाथ राय एकरा के अश्लीलता के खिलाफ लडाई के एगो हिस्सा बतवलन। ऊ कहलन कि भोजपुरी में अश्लीलता ना कबो रहे, ना बा, आ नाही कबो रही। कुछ मतिभ्रम लोग जरुर ओकरा के फैलाये के कोशिश कइ रहल बाटे, लेकिन वइसन गायकन के लोग जल्दिये भूला जाला। प्रभुनाथ राय एह एलबम खातिर भोजपुरिया म्यूजिक अउर भोजपुरिया डॉट कॉम के प्रयासन के सराहना भी कइलन।

एह मौका पर मौजूद भोजपुरिया म्यूजिक के मुख्य कार्यकारी अधिकारी सुधीर कुमार एकरा के भोजपुरी संगीत खातिर एगो ऐतिहासिक पल बतवलन। “भोजपुरी संगीत में अश्लीलता के उलटी गिनती अब शुरु हो गइल बाटे। हमनी के प्रयास बा कि ज्यादा से ज्यादा लोगन तक हमनी का एह तरह के साफ-सुथरा संगीत पहुँचाईं, ताकि आम लोगन के मन में भोजपुरी संगीत के पुन:प्रतिष्ठित कइल जा सको। हमनी के प्रयास बा कि लोग अपना घर में भी भोजपुरी गीत सुन सको,” सुधीर कुमार कहलन।

नवका पीढी के लोकप्रिय गायक पंकज प्रवीण के गीतन से सजल एह एलबम में कुल आठ गाना बा. जवन कि रिलिज भइला से पहिले ही काफी चर्चित हो चुकल बाटे। मूलत: रोमांटिक थीम पर बनल एह एलबम में पारिवारिक आ सामाजिक विषयन पर कई गो गीत बा। एह एलबम के “पहिला पहिला प्यार”, “चाहत में सनम” आ “सोनू जी के पापा” जइसन गीत एकरा रिलीज से पहिलहीं लोगन के जुबान पर चढ चुकल बाटे। एह एलबम के बारे में एकर निर्माता नवीन भोजपुरिया के कहनाम बा कि ई एलबम भोजपुरी संगीत के दशा आ दिशा बदले में सक्षम साबित होई।

एकरा प्रोमो का वजह से इंटरनेट के दुनिया में काफी प्रचलित हो चुकल पंकज प्रवीण एकरा रिलीज से काफी उत्साहित बाडन। “हमरा भरोसा बा कि भोजपुरी के भूलाये में लागल नवका पीढी खातिर ई एलबम ओह लोगन के अपना माटी के संगीत से जुडे के प्रेरणा दी,” पंकज प्रवीण कहलन। बहुत जल्दी ही एकर कॉलर ट्यून सभ प्रसिद्ध मोबाइल ऑपरेटर के नेटवर्क पर भी उपलब्ध हो जाई।

भोजपुरी गीतन में व्याप्त अश्लीलता के खिलाफ मुहिम में भोजपुरिया म्यूजिक के एह प्रयास में सुरेन्द्र पाण्डेय के सुमधुर संगीत से सजल एह एलबम में रउआ के भोजपुरी लोकधुन का संगे पाश्चात्य संगीत के प्रभाव सुने के मिली। अपना रिलीज के पहिले ही काफी चर्चा आ चुकल एह एलबम के विमोचन समारोह में जय भोजपुरी डॉट कॉम के कुछ स्थानीय सदस्यन के अलावा भारी संख्या में मीडियाकर्मी मौजुद रहलन।


अब भोजपुरी गाने डाउनलोड किजिये, वो भी बिलकुल मुफ्त

जमशेदपुर। इंटरनेट से गाने डाउनलोड करना भला किसे अच्छा नहीं लगता? लेकिन बहुत कम लोग जानते हैं कि कॉपीराइट एक्ट के तहत ऐसा करना अपराध है। लेकिन, अगर आप भोजपुरी गाने सुनने के शौकिन हैं, तो आपकी समस्या का समाधान बहुत आसान है। आप भोजपुरिया म्यूजिक डॉट कॉम (www.bhojpuriamusic.com) से गाने बिलकुल मुफ्त में डाउनलोड कर सकते हैं, वो भी पायरेसी की चिंता किये बिना।

भोजपुरी संगीत के क्षेत्र की अग्रणी कंपनी भोजपुरिया म्यूजिक ने यह सेवा शुरु की है। इसकी सबसे खास बात यह है कि भोजपुरिया म्यूजिक केवल उन्हीं गानों को डाउनलोड के लिये उपलब्ध करायेगी, जिसके ऑनलाइन अधिकार उसके पास हैं। आज ही शुरु हुई इस वेबसाइट में फिलहाल उभरते हुये गायक पंकज प्रवीण के कुछ गीतों को डाउनलोड के लिये उपलब्ध कराया गया है, और इस वेबसाइट पर हर हफ्ते कुछ नये गाने उपलब्ध कराने की योजना है।

"हमारा इसका मकसद बहुत साफ है, अश्लील गानों का बहिष्कार। और ये तभी संभव है, जब हम आम लोगों तक साफ-सुथरे गाने पहुँचा पायें। इसी मकसद से हमने यह सेवा शुरु की है, जिसके तहत आप गाने डाउनलोड कर सकते हैं, और उसके लिये आपको कोई रायल्टी देने की जरुरत नहीं है। चूंकि उन गानों के ऑनलाइन वितरण का अधिकार हमारे पास है, और हम उन्हें मुफ्त में दे रहे हैं, तो आपको पाइरेसी के बारे में भी चिंता करने की जरुरत नहीं है। हम चाहते हैं कि लाखों लोग भोजपुरी गाने सुनें, व अश्लीलता को हटाने की हमारी इस मुहिम का हिस्सा बनें," भोजपुरिया म्यूजिक के मुख्य कार्यकारी अधिकारी सुधीर कुमार ने बताया।

लेकिन आखिर भोजपुरिया म्यूजिक को मुफ्त में बाँटने के लिये इतने गाने कहाँ से मिलेंगे, इस सवाल के जबाब में कंपनी के एक अधिकारी नवीन भोजपुरिया ने कहा कि हमारी कंपनी बाजार में कई भोजपुरी एलबम लाने जा रही है, और 3-4 महीने बाद उनको मुफ्त डाउनलोड के लिये उपलब्ध कराया जा सकता है। इसके अलावा भोजपुरिया म्यूजिक कई गायकों और छोटी-छोटी कंपनियों के संपर्क में है, जो अपने गानों का प्रचार पाने के लिये गाने हमें दे सकते हैं।

ज्ञात हो कि भोजपुरिया म्यूजिक भोजपुरी भाषियों की सबसे बडी वेबसाइट भोजपुरिया डॉट कॉम समूह का एक हिस्सा है, जिसका मुख्य उद्देश्य भोजपुरी भाषा व संस्कृति का प्रचार-प्रसार है।

 

Copyright ©2010 Bhojpuria Music. All rights reserved. Our Partners: Bhojpuria.com | JaiBhojpuri.com | Rasoia.com