भोजपुरिया डॉट कॉम देश के सर्वश्रेष्ठ ई-कल्चर वेबसाइट घोषित
रउआ
सब लोग के सहयोग से भोजपुरिया डॉट कॉम के भारत के सर्वश्रेष्ठ
ई-कल्चर वेबसाइट के अवार्ड मिलल बा. भोजपुरिया डॉट कॉम के इ अवार्ड
मिलल विश्व भर में फैलल 34 करोड भोजपुरिया लोग खातिर एगो सम्मान के
बात बा.
आज,
एह अवसर पर हमनी का आभारी बानी जा मीडिया के, आ पुरा भोजपुरिया
समाज के जे हमनी के संगे हर सुख-दुख में रहल बा. इ घडी त जश्न के
हवे, लेकिन एकरा संगे इ अवार्ड हमनी के औरी अच्छा करे खातिर
प्रेरित क रहल बा.
दिल्ली त जीत गइनी जा, अब बारी बा जिनेवा के, जहँवा के वर्ल्ड
समीट अवार्ड खातिर भोजपुरिया डॉट कॉम के नामांकित कइल गइल बा.
अगर रउआ लोग के सहयोग एहि तरह मिलत रहल त उ दिन दुर नइखे जब हमनी
का जिनेवा में भी भोजपुरी के परचम लहरा देब.
सफलता के एह घडी में भोजपुरिया डॉट कॉम का ओर से सम्पुर्ण
भोजपुरिया समाज के शुभकामना.