|
भोजपुरी
में एम. ए. के डिग्री
दुनिया भर
में फैलल भोजपुरी भाषा के एगो नया मान्यता दिवावे के तैयारी चल रहल
बा. बिहार के एगो मुख्य विश्वविधालय भोजपुरी भाषा और साहित्य
में एम. ए. के डिग्री कोर्स शुरु करें के तैयारी में बा.
"अगर हमनी का 75 या ज्यादा छात्र पा लेहनी जा, त हमनी का घर बैठे
भोजपुरी में डिग्री पावे के सपना साकार कर देहब जा" विश्वविधालय के
प्रवक्ता भोजपुरिया से एगो खास बात-चीत में कहले.
Get a
University Degree in Bhojpuri at your home
For more
details / admission, please click here
अगर रउरा एडमिशन / ज्यादा जानकारी
चाह तानी त एहिजा क्लिक करीं.
हमनी
विश्वविधालय के नाम आधिकारिक सुचना अइला तक गुप्त रख तानी जा.
एहिजा हमनी का महत्वपुर्ण बिन्दु पर बात कर तानी जा...
मान्यता
विश्वविधालय यु.जी.सी. से मान्यता प्राप्त हवे, एकरा मतलब इ डिग्री
के मान्यता भारत के कौनो विश्वविधालय से कौनो भाषा में प्राप्त
डिग्री के बराबर होई.
रोजगार
सब
सरकारी आ गैर-सरकारी श्रेत्र के रोजगार में इ डिग्री के बराबर
मान्यता मिली. भोजपुरी फिल्मन, मीडिया, आ शुरु होखे वाला भोजपुरी
टी.वी. चैलन के देखते हुवे भोजपुरी के जानकार लोगन के रोजगार आसान
दिखाई दे ता. एकरा अलावा इ लोग मॉरीसश, फिजी, गुयाना, सुरीनाम आ
अन्य भोजपुरी-भाषी देशन में भी रोजगार के तलाश कर सकेला. बहुत अन्य
विश्वविधालय भी भोजपुरी में डिग्री कोर्स शुरु करे वाला बा, जहाँ
पढावे वालन के जरुरत पडी.
दाखिला
आवेदक के निम्नतम शैक्षणिक
योग्यता स्नातक (Graduate) या समकक्ष होखे
के चाहीं. कोर्स के शुल्क कौनो भारतीय विश्वविधालय से कौनो भाषा
में एम.ए. के समकक्ष रही.
पढाई
पढाई के तरीका सामान्य दुरस्थ शिक्षा-प्रणाली
(Distant Learning System) के तहत रही.
एकरा मतलब रउरा घर बैठे कोर्स खातिर आवेदन कर सकेनी आ किताब औरी
अन्य कोर्स-मैटेरियल रउरा घरे पोस्ट से आ जाई.
अगर रउरा एडमिशन / ज्यादा जानकारी
चाह तानी त एहिजा क्लिक करीं.
|