|
भोजपुरिया डॉट कॉम के संचालक सुधीर कुमार सम्मानित
एह साल अगस्त में
ई-कल्चर श्रेणी में देश के सर्वश्रेष्ठ वेबसाइट के अवार्ड जितला का
बाद भोजपुरिया डॉट कॉम खातिर सम्मानन के लाइन लाग गइल बा. आ एह कडी
में सबसे नया नाम हवे अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के.

पिछला 4 नवम्बर के अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 21वां
अधिवेशन में केन्द्रीय मंत्री श्रीमती मीरा कुमार के द्वारा
भोजपुरिया डोट कॉम के संचालक सुधीर कुमार के भोजपुरी भाषा
आ संस्कृति का क्षेत्र में योगदान
खातिर सम्मानित कइल गउये.
“भोजपुरी
भाषा आ संस्कृति के विकास में भोजपुरिया डॉट कॉम एगो मील के पत्थर
साबित हो रहल बा. आ हमरा नजर में पुरा दुनिया भर में फैलल
भोजपुरिया भाई लोग खातिर अपना माटी से जुडे के इ एगो सशक्त माध्यम
बन चुकल बा”,
एह मंच पर उपस्थित प्रसिद्ध अभिनेता आ गायक मनोज तिवारी मृदुल
कहुवीं.
“भोजपुरिया
डॉट कॉम विश्वस्तर पर भोजपुरी के एगो नया तस्वीर पेश क रहल बा.
अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन एकरा के आगे बढावे खातिर हर
तरह के सहयोग देवे के तैयार बा”,
सासाराम अधिवेशन के संयोजक
डॉ. गुरुचरण सिंह कहुवीं.
“हमनी
का एह सम्मान खातिर अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के आभारी
बा. अपना लोगन के द्वारा अपना घरे मिलल इ सम्मान हमनी के आउर अच्छा
काम करे खातिर प्रेरित करी.”
सुधीर कुमार कहुअन.
एह
कार्यक्रम में देश-विदेश के दिग्गज साहित्यकारन, राजनीतिज्ञन,
कलाकारन का अलावा लाखन लोग मौजुद रहुये.
एह
से पहिले विश्व भोजपुरी सम्मेलन (भारखण्ड शाखा) आ जमशेदपुर भोजपुरी
साहित्य परिषद के द्वारा भी सुधीर कुमार के सम्मानित कइल जा चुकल
बा.
आपन
कॉमेंट देवे खातिर नीचे दिहल लिंक पर क्लिक करीं:
»
Bhojpuria.com director felicitated by ABBSS |