|
भोजपुरी के सब बड सितारन के संगे होई भोजपुरी हंगामा
भोजपुरी फिल्मन के शानदार सफलता के
बाद अब स्टेज शो के बाजार में भी बॉलीवुड के टक्कर देवे के तैयारी पुरा हो चुकल बा.
निर्माता मेहमूद अली (बाबुल प्यारे फेम) अब पहिला बेरि भोजपुरी के सब बड कलाकारन के
संगे ले के आव तारे आ उ भी एके स्टेज पर. पेन एण्ड कैमरा इंटरनेशनल आ फर्स्ट रिलीज
वर्ल्डवाइड का संयुक्त तत्वावधान में भोजपुरी हंगामा का नाम से इ शो देश-विदेश में
करीब
20 जगह होखे वाला बा. एह
कडी के पहिला हंगामा मुम्बई का लगे पावरलूम नगरी,भिवंडी
के एगो स्टेडियम में अगला
26
अक्टुबर होखे जा रहल बा.

एहिजा इ बात गौर करे वाला बाटे कि
भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री भी अब धीरे-धीरे ग्लोबलाइजेशन के दौर के गुजर रहल बाटे.
हिन्दी फिल्मन के नग्नता आ हिंसा के भरमार से दुर भोजपुरी फिल्मन में परंपरा,
संस्कृति आ नैतिकता के बढावा दिहल जा
रहल बा, आ इहे वजह बा कि आज
सैकडन गो भोजपुरी फिल्म बन रहल बाडी सन,
आ ना सिर्फ हिन्दी फिल्म स्टार बल्कि
विदेशी लइकी सब भी भोजपुरी फिल्मन में काम करे खातिर ललाइत बाडी सन.

ना सिर्फ बिहार-उत्तर प्रदेश में,
बल्कि पंजाब से लेके मुम्बई ले,
सारा भारत में पिछला
2-3
साल से, भोजपुरी फिल्मन के धुम
मचल बा. एकर सबसे मुख्य कारण इ बाटे कि जहाँ हिन्दी सिनेमा दर्शकन के अपना सभ्यता
से दुर ले जा रहल बा,
ओहिजा
भोजपुरी लोगन के अपना गाँव से जोड रहल बिया,
आ भोजपुरी भाषा के हिन्दी समझे वाला
कवनो आदमी आराम से समझ सकेला.

भारत के अलावा नेपाल,
मॉरीशस,
दुबई,
हॉलैंड,
गुयाना,
त्रिनिदाद आ कई गो और भी देशन में इ
कार्यक्रम करावे क ए तैयारी अंतिम चरण में बाटे.

एह कार्यक्रम में भोजपुरी सुपरस्टार
मनोज तिवारी
'मृदुल',
रवि किशन,
नगमा,
रानी चटर्जी,
कादरखान,
कश्मीरा शाह,
लुवी,
आसिफ आ एह तरह के कई गो औरी कलाकारन
एक समय एके संगे एके स्टेज पर आपन कला के प्रदर्शन करी लोग. हिन्दी फिल्मन के आ
हिन्दी फिल्म स्टारन के वर्चस्व के इ एक तरह से खुला चुनौती होई,
आ एह घडी के गवाह बनिहें भिवंडी के
स्टेडियम में मौजुद
35 हजार से
भी ज्यादा लोग.
|