HomePage  
Home Samachar Movies Music Shopping   Horoscope Our People Khana Sahitya Festivals
Chat E-Cards Special Member Dir. Login Profile Logout Press Guest Book Contact

Problem viewing Bhojpuri? | Download Font

महान गणितज्ञ डॉ. वशिष्ट नारायण सिंह:

प्रतिभा पागल भइल काहें ?

(Dr. Vashishtha Narayan Singh)

 

 

 

डॉ. वशिष्ट नारायण सिंह के जनम भोजपुर जिला के सदर प्रखंडांतर्गत बसंतपुर गॉंव मे 2 अप्रैल 1942 ईं. मे स्व. लाल बहादुर सिंह आ लहासो देवी के पहिलका पुत्र के रुप मे भइल. उहॉं के बाबु जी आरक्षी सेवा मे आरक्षी पद पर कार्यरत रहीं. डॉ वशिष्ट बाबु के पहिल शिक्षा गॉंवे मे भइल, एकरा बाद मे छठा वर्ग मे उहॉं के नेतरहाट विधालय में पढे चल गइनी. 1962 मे इहॉं के पूरे बिहार में सबसे बेसी अंक लेके मैट्रिक पास कइनी.

 

एकरा बाद इहॉं के पटना सायंस कॉलेज में नाम लिखावल. ओह घरी सायंस कॉलेज के प्राचार्य गणित के प्रकाण्ड विद्वान डॉ. पी. नागेन्द्र जी रही. उहॉं के वशिष्ट बाबू में समाइल प्रतिभा के सही अर्थ में समझनी. संयोग से ओही घरी विश्व गणितज्ञ सम्मेलन में भाग लेवे अमेरिका के विद्वान प्रोफेसर कैली जी पटना में आइल रही, जेकरा से नागेन्द्र नाथ जी वशिष्ट बाबू के साक्षात्कार करववनी. डॉ. कैली साहेब कइ तरह से वशिष्ट बाबु से प्रश्न पुछत गइनी जवना के जवाब वशिष्ट जी सही-सही बतावत गइनी. वशिष्ट बाबु से मिलला के बाद प्रो. कैली जी उहॉ में अदभुत प्रतिभा देख के अमेरिका मे जाके शिक्षा देबे खातिर ललायित भइनी. सायंस कॉलेज के प्राचार्य डॉ. पी. नागेन्द्र नाथ जी मुस्तैदी दिखवनी आ वशिष्ट बाबू खातिर स्पेशल परीक्षा के व्यवस्था कइनी जवना सब परीक्षा मे बशिष्ट बाबू सत-प्रतिशत अंक के साथे सफल भइनी आ 1963 में अमेरिका के कैलीफोर्निया विश्वविधालय में शोध खातिर चल गइनी. उहवॉं पर इहॉ के साइकिल वेक्टर स्पेश थ्योरी पर शोध कार्य कइनी जवना के चलते वशिष्ट जी भारतीय विज्ञान जगत मे छा गइनी.

 

शोध के बाद वशिष्ट बाबू अमेरिका से वापस अइनी आ कुछ दिन के बाद दोबारा अमेरिका चल गइनी जहवॉ वाशिंगटन में गणित के एसोसिएट प्रोफेसर बनावल गइनी. पुनः 1971 ई. मे उहॉ के भारत चल अइनी आ आइ. आइ. टी. कानपुर (IIT Kanpur) में प्राध्यापक के पद पर नियुक्त भइनी जहवॉ मुश्किल के आठ महिना रहला के बाद टाटा इंस्टीच्युट ऑफ फण्डामेंटल रिसर्च में गणित के प्राध्यापक हो गइनी. एकरा साल भर बाद 1973 में उहॉ के कोलकाता स्थित आई. एस. आई. मे स्थायी प्राध्यापक नियुक्त भइनी.

 

एकरा बाद 1973 में ही सारण जिला के खलपुरा निवासी प्रतिष्ठित परिवार के डॉ. दीप नारायण सिंह के बेटी वन्दना रानी के साथे डाक्टर साहब के शादी हो गइल. वशिष्ट बाबू के माई के अनुसार शादी के तीन दिन बाद चौठारी (सुहागरात) करिके वन्दना बी.ए. के परीक्षा देबे खातिर अपना नइहर चल गइली. आ वशिष्ट बाबु कोलकाता अपना नौकरी पर चल गइनी. कोलकाता आई. एस. आई. के सहयोगी लोग इहॉ के प्रतिभा देख के जरत रहे लोग. उहवें 1974 ई. में इहॉ के पागलपन के दौरा पडल. एनें ओने यथाशक्ति घर के लोग ईलाज करावल. पटना के नोबा (Netarhat Old Boys Association) सक्रिय भइल तब जाके 1976 में रॉची के मानसिक आरोग्यशाला में भेजल गइल.

 

कर्पुरी ठाकुर जी के शासन काल में उहॉ के रॉची के ही निजी चिकित्सालय डेविड क्लीनिक में सरकारी खर्च पर भर्ती करावल गइल जहॉ उत्तरोत्तर सुधार होखे लागल. बाकिर जसहीं कांग्रेस के शासन बिहार पर कायम भइल, अस्पताल के शुल्क देबे में सरकार कोताही बरते लागल जवना से उनका के डेविड क्लीनिक से निकाल के फिर रॉची के मानसिक आरोग्य शाला में दाखिल करवा दिहल गइल. जहवॉ निमनों आदमी के पागल बन जाए के उचित माहौल बा.

 

एही बीचे पत्नी के द्वारा वशिष्ट बाबु के छोड दिहला से उहॉ के मानसिक पीडा अउर बढ गइल. डॉक्टर लोग ओह घरी उनका विक्षिप्तता के कारण पत्नी द्वारा दिहल तलाक के बतावत रहे. डॉ. वशिष्ट के एगो अरुन्धती (साधु के पत्नी) के जरुरत रहे बाकिर मिल गइली ई कहेवाली सुनीं जी, रउरा योग्य व्यक्ति जरूर बानी, बाकिर हमरा योग्य नइखी. पत्नी के इहे वाक्य एगो होनहार वैग्यानिक के दिल तूर देलस.

 

1989 में अपना बाबुजी के मुअला के बाद वशिष्ट बाबु अपना गॉव आइल रहीं जवना बेरा गॉव में उहॉ के भाषण भी भइल रहे. ओह घरी उहॉ में काफी समझदारी रहे. बाबू जी के क्रिया-क्रम के बाद वशिष्ट बाबु पुनः रॉची चल गइनी. उहॉ चिकित्सक लोग से राय-विचार करिके उनकर छोट भाई अयोध्या प्रसाद सिंह डॉक्टर साहेब के लेके भागलपुर जनता एक्सप्रेस से पुना जात रहीं तबले मध्यप्रदेश के गाडवारा स्टेशन पर वशिष्ट बाबु चुपके से उतर गइनी. उहॉ के भाई खोज के हार गइले बाकिर डाक्टर साहेब ना भेंटइले. गॉव-घर के लोग समझल कि वशिष्ट बाबु मर गइल होखेब. बाकिर अचानक वशिष्ट बाबु सारण जिला के डोरीगंज में 1993 में मिल गइले. ओह घरी पुरा गॉव जवार बसंतपुर गॉव मे अपना दुलरुआ के देखे खातिर उमड पडल.

 

वशिष्ट बाबु के सरकारी खर्च पर इलाज खातिर नेशनल इंस्टीच्युट ऑफ मेंटल हेल्थ एण्ड न्युरो साइंस, बंगलोर भेजल गइल. उहॉ के उहवॉ फरवरी 93 से जुन 94 तक अस्पताल मे रहनी बाकिर ठीक ना हो पवनी. ओहिजा के डॉक्टर लोग के कहनाम बा कि वशिष्ट बाबु के अमेरिका भेजल जाव. एहिजा अब एकर इलाज नइखे. या त इनका के निमन पारिवारिक माहौल मे रखल जाव. तब से वशिष्ट बाबु गॉव पर आ गइले आ आपन हाल के भोगS तारे.

डॉक्टर लोग के कहनाम बा कि इहॉ के दिमाग पर गहरा चोट लागल बा जवन पारिवारिक माहौल के बेहतरी के मरहम से ही ठीक हो सकेला.

 

वशिष्ट बाबु के भाई आ माई के अनुसार चुकि वशिष्ट बाबु के परिवार के लोग अतना सुखी-संपन्न नइखे कि उ लोग अमेरिका भेज के वशिष्ट बाबु इलाज करा पावें, एह से सरकार के ई फर्ज बनSता कि वशिष्ट बाबु नियन व्यक्ति के सरकारी खर्च पर अमेरिका भेज के चिकित्सा के प्रबन्ध करे.

 

अभी भी वशिष्ट बाबु रोज कुछ ना कुछ लिखत रहेनी, हमनीं का देखनी जा कि उहॉ का कुछ फॉर्मुला, कुछ रामायण के दोहा, आ कुछ सरकार के गाली लिखत रहेनी. वशिष्ट बाबु एक बार हमरा लगे आके दस गो रुपया मंगनी, हम चुप रहनी त उहॉ का बिगड गइनी आ भगावे लगनी. कहनी कि कतना लोग आइल बाकिर हमरा के आजु ले का कइल ?

 

एक बात हमरा नइखे बुझात कि 93 से ही जब केहु मुलाकाती जाता त वशिष्ट बाबु ओकरा से पइसा ही काहे मॉगSतारे. जब लालु प्रसाद जी भी गइल रहीं त उहॉ से डॉक्टर साहेब एगो रुपइया मंगले रही. ई बात कवनो मनोवैग्यानिक लोग खातिर जॉच करे वाला विषय बा कि आखिर का कारण बा कि सब केहु से उ पइसा के ही मॉग काहे करत बाडे?

 

(साभार : महाभोजपुर)

BACK to Dr. V N Singh's Page

 

Login
Username
Password
Ok
Registration
 
Poll
का मनोज तिवारी डाक टिकट वाला मामला में गलत बाडे?
हाँ
ना
पता ना

Polls List
 

 

Advertise your Film / Product at Bhojpuria.com

 

  Powered by: Infogate Exporters Pvt. Limited Info | Help

भोजपुरिया.कॉम - हमनी के बोली, हमनी के लोग

Please call (+91) 9431111776 or email us at info@bhojpuriya.com