धनबाद/रांची। भोजपुरी गायक आ अभिनेता मनोज तिवारी मृदुल के शनिचर के सांझी खान एमसीसी प्रभावित इलाका से अचानक गायब होखे के सूचना से पूरा देश में हड़कंप मच गइल। एहिजा दू दिनी नक्सली बंद के शुरू होखे के अफवाहन के एह घटना से आउर बल मिलल।देर रात तक तिवारी से संपर्क के सभ प्रयास भी विफल रहे, हालांकि उनुका परिवार के लोग उनुकर सुरक्षित होखे के दावा कइल। वइसे पीरटांड़ थाना प्रभारी भी जानकारी दिहले कि मनोज तिवारी के सुरक्षित जीटी रोड स्थित तोपचांची थाना के पास पेट्रोलिंग पुलिस के हवाले कर दिहल गइल रहे, जेकरा मदद से ऊ सुरक्षित धनबाद पहुंच गइल बाडन। मनोज काल्ह रात के गिरिडीह से धनबाद खातिर चलल रहले।
हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार शनिचर के गिरिडीह में आजसू प्रत्याशी विनोद कुमार के चुनावी सभा के संबोधित कइला के बाद मनोज धनबाद खातिर रवाना भइले। सूत्रन के कहनाम बा कि देर रात करीब 10:30 बजे गिरिडीह के नक्सल प्रभावित पीरटांड़ में मनोज के सामना नक्सलियों से भइल। माओवादियन के बंदी शुरू भइला का वजह से नक्सली सड़क पर झंडा लिहले खडा रहले सन। वइसे एन मौका पर कुछ पुलिस कर्मी पहुँच गइले सन, आ ओहिजा से मनोज के सुरक्षित पीरटांड थाना तक ले जाइल गइल। ओकरा बाद सीआरपीएफ के जवानन के मदद से, उनुका के सुरक्षित निकाल लिहल गइल। अपुष्ट सूत्रन से मिलल जानकारी के अनुसार एह बीच में पुलिस आ नक्सलियन के बीच में मुठभेड के भी स्थिति पैदा हो गइल रहे।
जब हमनी का एह घटना पर मनोज तिवारी के प्रतिक्रया लेवे के कोशिश कइनी जा, त ऊ कहनल - "हमरा इ त नइखे पता कि ऊ लोग के रहे, आ ओह लोगन के मकसद का रहे, लेकिन हम खाली भगवान के धन्यवाद दिहल चाहेब। शायद ई हमार प्रशंसकन के दुआ आ आशीर्वाद रहे कि हम आज सुरक्षित बानी।"
एही बीचे तिवारी के एगो सहयोगी हड़बड़ी में दिल्ली से लेके मुम्बई तक शुभचिंतकन के एह घटना के जानकारी दे दिहलन, जवना से देश भर के मीडिया में खलबली मच गइल। संयोग से ओह समय मनोज तिवारी के मोबाइल के बैट्री डाउन हो गइल रहे, जेकरा वजह से उनुका से संपर्क कइल मुश्किल हो गइल। एह घटना के बाद मनोज आज धनबाद में बाडे आ शाम के उनुकर हवाई मार्ग से मुंबई लवटे के इरादा बा।


