Home Cinema News "भईया के साली ओढनिया वाली" के प्रदर्शन 6 अगस्त से

"भईया के साली ओढनिया वाली" के प्रदर्शन 6 अगस्त से

E-mail Print PDF
share
पटना। भोजपुरी फिल्म निर्माता आलोक सिंह आ गायक/अभिनेता पवन सिंह के अगिला भोजपुरी फिल्म "भईया के साली ओढनिया वाली" बन के 6 अगस्त के उत्तर प्रदेश आ बिहार के सिनेमा घर में दस्तक देबे जा रहल बाटे। संयोगिता फिल्मस के बैनर तले बनल एह फिल्म में पवन सिंह पहिला बार आलोक सिंह का संगे काम कइले बाडन जेकरा के निर्देशित कइले बाडन भोजपुरी के नवोदित निर्देशक प्रियांशु सिंह।

पारिवारिक पृष्ठभूमि पे बनल एह फिल्म में रोमांस का संगे-संगे एक्शन के भी तड़का मिली। एह फिल्म में पवन सिंह आ शुभी शर्मा का संगे-संगे रजनीश मिश्र, सोनाछी, सी .पी. भट, अनूप अरोड़ा, किरण यादव, ब्रजेश सिंह अउर दीप राना मुख्य भूमिका में बा लोग।

फिल्म में अशोक कुमार दीप आ प्यारे लाल के लिखल 10 गो गीतन के कर्णप्रिय संगीत से खुद सजवले बाडन अशोक कुमार दीप। फिल्म के कार्यकारी  निर्माता ब्रिजेश कुमार-विकास कुमार बा लोग, अउर छायाकन हिरा सरोज का संगे-संगे संपादन जीतेन्द्र सिंह जीतू के बा, फिल्म के नृत्य निर्देशन रामदेवन के बाटे।
 
Comments (5)
download song
1 Monday, 02 May 2011 16:45
sachchita
mai bhaiya ke sali oodhniya wali ka video song aur mp3 song download krna chahta hu. lekin is movie ka song kahin mil nahi rha hai.plz mujhe is movie ka song ka link mujhe mail kr de. thank you.
Shekhar
2 Wednesday, 31 August 2011 11:08
Chandra shekhar
I like your all song and muvei .i am your best fan.
achcha lagal film aur pura kahani....
3 Thursday, 29 December 2011 18:12
om chandan
achcha lagal film aur pura kahani....
i am fan of pawan singh
4 Tuesday, 24 January 2012 13:17
avinash pandey
i like ur song very much and listen also and watch ur all movies
and this movie storu is very good
will u make my friend on face book
thanks for bhojpuri songs
5 Friday, 27 January 2012 05:57
manojkumarsingh
dear pwan je namskar