मुंबई। भोजपुरी फिल्म अभिनेता रवि किशन एक बार फिर से टेलीविजन के पर्दा पे वापसी कर रहल बाडन। एनडीटीवी इमेजिन के चर्चित शो "राज पिछले जन्म का" के सीजन-2 के शुरुवात फिर से होखे जा रहल बाटे, अउर सीजन-1 में होस्ट के भूमिका सफलता पूर्वक निभवला के बाद रवि किशन सीजन-2 में भी होस्ट के रूप में नजर अइहन। हमनी के मिलल जानकारी के अनुसार अगस्त के दूसरा सप्ताह से एह शो के शूटिंग शुरू होखे जा रहल बाटे।फिलहाल रवि किशन अपना एह शो खातिर एस्सेल स्टूडियो में बनावल गइल भव्य सेट पर रिहर्सल करे में व्यस्त बाडन। पिछला साल के शो में हिंदी सनेमा के लगभग एक दर्जन सेलिब्रेटी लोग अपना पिछला जनम के राज जनले रहलन। एह बेर भी फिल्म उद्योग के कुछ जानल मानल नांव एह शो के हिस्सा बनी लोग, जवना में राजेश खन्ना, संजय दत्त, राहुल रॉय, राहुल देव, श्रद्धा निगम, जूही बब्बर अउर ओम पूरी के नांव के चर्चा बाटे।
बहरहाल, रवि किशन "राज पिछले जन्म का" के सीजन-2 के लेके काफी उत्साहित बाडन।


