मुंबई। अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा के भोजपुरी प्रेम के बाद अब अमेरिका से भोजपुरी खातिर एगो अउर खुशखबरी बा। अमेरिका के फिलाडेफिया विश्वविद्यालय में भोजपुरी सिनेमा पर शोध हो रहल बाटे। भोजपुरी अभिनेता मनोज तिवारी मृदुल के "ससुरा बड़ा पइसा वाला" के सफलता से भोजपुरी सिनेमा के नया आयाम बनला के बाद फिलाडेफिया विश्वविद्यालय के एगो छात्रा कैथरीन हार्डी अपना शोध के विषय के रूप में भोजपुरी सिनेमा के चुनले बाड़ी।26 वर्षीया कैथरीन हार्डी के परिचय भोजपुरी फिल्म से तब भइल जब उ कुछ साल पहिले भारत घुमे आइल रहली। बनारस के गलियन में कैथरीन के भोजपुरी सिनेमा के कुछ लोकप्रिय गीत आ विडियो देखे के मिलल रहे। भोजपुरी भाषा आ संस्कृति से अति प्रभावित कैथरीन भोजपुरी आ भोजपुरी सिनेमा के और गहरे तक जाने के खातिर भोजपुरी सिनेमा के अपना शोध के विषय के रूप में चुनली। हलांकि एकरा वजह से उनका कई सवालन के भी सामना करे के पडल।
हाल ही में दोबारा भारत अइला के बाद कैथरिन भोजपुरी सिनेमा के समझे खातिर हिंदी आ भोजपुरी सिख रहल बाड़ी। शोध के एही क्रम में कैथरीन भोजपुरिया स्टार मनोज तिवारी से मुंबई में मुलाकात कर के भोजपुरी सिनेमा आ संस्कृति पे लमहर बात कइली। मनोज तिवारी भी भोजपुरी सिनेमा के शोध में जानकारी खातिर उनुकर यथासंभव मदद के अश्वासन भी देहले बाडन।
भारत में आके भोजपुरी बोले वाला लोगन का संगे रहला के बाद कैथरीन के भोजपुरी से एतना लगाव हो गइल बा कि उ शोध पूरा भइला के बाद भी भोजपुरी से आपन नाता जोड़ले राखल चाह तारी। कैथरीन हार्डी के उनकर शोध के सफलता पूर्वक पूरा कइला खातिर भोजपुरिया परिवार के शुभकामना।



In first instance it looks good, but in deep it looks like a advertisement. Kathy is in long touch with us about knowledge sharing of bhojpuri and we always keep her privacy. However i appreciate if it is news, but when it will become a ad tool i will not appreciate this. My best wishes with you for bhojpuri development. Keep in touch.
राउर कमेंट हमरा के खीच के ले के आ गईलस हा एजुगा कमेंट करे खातिर । जब सुधीर जी एह न्युज के लगवनी त सबसे पहिले हमरा के बतवनी काहे की अईसन कुल खबर पढी के मन तनि गिल हो जाला । बाकि जहा तक बात बा प्रचार के त रउवा बुझते होखब एह कुल मे प्रचार पहिले रहेला सेवा बाद मे एह से प्रचार के नकारल मुश्किल बा लेकिन तबो , एगो नीमन खबर जवना के पढी के हमरा आ रउवा लेखा लोगन के खुशी मिलेला ...
बाकि त सब रउवा जानते बानी ...
सुधीर जी, बहुत बहुत धन्यवाद एह खबर के लगवला खातिर, भाई जी मन एक दम चकाचक कई देहनी।
जय भोजपुरी बा पंकज भाई आ सुधीर भाई के ।