मुंबई। भोजपुरी के लोकप्रिय चैनल महुआ टीवी पर प्रसारित होखे वाला रियलटी शो "बड़का साहब" एह समय अपना चरम पे बाटे। बड़का साहब के घर में एह हप्ता भोजपुरी फिल्म के चर्चित अदाकारा मोनालिसा के आगमन हो रहल बा। मोनालिसा शुक्रवार (6 अगस्त) के 7 बजे घर में एंट्री करिहन, आ घर में अइला के बाद घर में बंद कलाकारन का संगे हँसी ठिठोली के साथ साथ डांस के भी तड़का लगइहें।मोनालिसा के एपिसोड में रउआ देखब की बड़का साहब के घर में बंद तेजस सपना में मोनालिसा का संगे डांस कर रहल बाडन अउर उनकरा के प्रोपोज भी करल चाहत बाडन। तबे बड़का साहब के ही एगो और प्रतिभागी सुबों मुखर्जी भी मोनालिसा का संगे डांस कर के उनकर के हथियावल चाहत बाडन। फिर ओह दुनो लोग में एक दूसरा के निचा देखावे के प्रतियोगिता शुरू हो जाता। तेजस सपना में ही अपना प्रतिद्वन्दी से लड़त बाडन तब ले "बड़का साहब" के एगो जोरदार थप्पड़ से तेजस के नींद खुल जाता।
लेकिन अगिले ही पल तेजस के सपना सच हो जाता। बड़का साहब बतावत बाडन की "आप लोनग के मनोरंजन खातिर मशहूर भोजपुरी अदाकारा मोनालिसा के आगमन घर में हो रहल बा।" एकरा संगे-संगे घर में धमाल होखल शुरू हो जात बा। गौरतलब बा की एह शो में "बड़का साहब" के भूमिका अभिनेता गजेन्द्र चौहान निभा रहल बाडन।



