मुंबई। बसंती के नांव अइला पर दिमाग शोले के चुलबुली, बेबाक आ बिंदास अभिनेत्री हेमा मालिनी के याद आ जाला, लोकप्रिय भोजपुरी अभिनेत्री पाखी हेगड़े एही रोल के फिर से भोजपुरी पर्दा पर जिवंत करे जा रहल बाड़ी। आगामी फिल्म "लहरिया लूट ए राजा जी'' में इ बिंदास बाला अपना बिंदास आ मस्ती भरल हाजिर जबाबी वाला अंदाज से सब के दिल के गुद गुदावे वाला बाड़ी।निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर. पांडे के फिल्म "लहरिया लूट ए राजा जी'' में भोजपुरिया स्टार रवि किशन के पीछे पडल रहे वाला रोल में पाखी भरपूर रोमांस का संगे मस्ती करत नज़र अइहन। पूरा फिलिम एगो नया ढंग के "लव स्टोरी" पर आधारित बाटे। प्यार, रोमांस, बेबाकी अउर मधुर संगीत से सजल एह फिल्म में पाखी दूगो बिछड़ल दिल के मिलावे के प्रयास भी कर रहल बाड़ी।
एह साल भोजपुरी बॉक्स ऑफिस पे पाखी के जलवा बरकरार रहल बाटे। एह साल रिलिज भइल फिल्मन उनकर फिल्मन में दाग, सात सहेलियां, आ शिवा जइसन फिल्म प्रमुख बाडी सन, जवना में उनुका अभिनय के काफी सराहल गइल बाटे।


