मुंबई। कलर्स चैनल पर शुरू भइल भारत के सब से बड़का रियलिटी शो बिग बॉस-4 में बड़-बड़ लोगन का संगे भोजपुरिया गायक आ अभिनेता मनोज तिवारी भी एह प्रतियोगिता के हिस्सा बनल बाडन। उम्मीद बा कि मनोज अपना ठेठ भोजपुरिया अंदाज से दर्शकन के मनोरंजन का संगे-संगे एह अंतर्राष्ट्रीय स्तर के कार्यक्रम में भोजपुरिया कला अउर संस्कृति के छाप छोड़े के कोशिश करिहन। इहो मानल जा रहल बा कि एह से पाहिले बिग बॉस -1 में भी मनोज तिवारी के प्रतिभागी बनाये के कोशिश भइल रहे, लेकिन ऊ इंकार कइ देले रहलन।
मनोज तिवारी के हिसाब से उ एगो खास रणनीति के तहत बिग बॉस के प्रतियोगी बनल बाडन। उनकरा हिसाब से उ एह शो में जब तक बनल रहिहन, भोजपुरी बोले के पुरजोर कोशिश करिहन, जेकरा से देश भर में भोजपुरी बोले के बढ़ावा मिली। ओकरा संगे खास कर भोजपुरिया संस्कार अउर आचरण के निभावे के भी भरपूर कोशिस करिहन ताकि दुनिया भर के भोजपुरिया संस्कृति आ संस्कार के बारे में पता चली।
मनोज तिवारी के बिग बॉस-4 में शामिल भइला पर भोजपुरिया दर्शकन का संगे-संगे पूरा भोजपुरिया फिल्म जगत से शुभकामना मिल रहल बा, अउर अगर दर्शकन के प्यार असहीं बनल रहल त मनोज तिवारी के फाइनल तक जाये से केहु ना रोक सकेला। भोजपुरिया डॉट कॉम का ओर से मनोज तिवारी के शुभकामना बा, आ हमनी का उम्मेद करब कि ऊ एह शो के जरिये भोजपुरिया झंडा के एगो नया उँचाई देस।




मनोज तिवारी के एंट्री आ फेरु पहिला दिन के पहनावा देख के लागल हा की भोजपुरिया स्टाईल हर जगह गर्दा उडाई बाकी हर पानी के मरद होलन स भोजपुरिया एह बात के बहुत नीमन से हमनी के देख सकेनी जा ।
छपले रहा आ जीत के आवा बस इहे कहे के बा ।
जय भोजपुरी जिया भोजपुरी
Regards.... Pradeep singh
Gorakhpur
Bhojpuri ke visha astar pe pahuchave khatir bahut mehanat kare ke padi...
R C Singh
maine bhi bahut sare vote kiye the lekin
main manoj ji ko bhojpuri mehi pasan karata hu
or main chahata hu ki manoj ji bas bhojpuri ke liye kam kare
ajay pal
jaunpur
kher kono batt nhi bahiya aage challlaaa humni ke tahra saaath bani jaaaaaaaaaaaa
hum delhi ke bani bhaiya
delhi me engeering kartbani ...hum taharaaa wiswas det bani ki if i shall do job. hum tahra har tarah se support karab........................ jay bihar and jay bhojpuriya bhaiya reply karbaaaa taaa achhhaaa lagiiii
hum facebook par baaani ........ by bhaiya have nice day
hum manish kumar singh raura ke good evening kartani
raur film jabse dekhani a manoj bhaiya tab se deewana ho gaini
Manish kumar singh from sasaram ,BIHAR