भोजपुरी सिनेमा जगत के एह दौर के सबसे सफल फिल्म "ससुरा बडा पईसावाला" के निर्माता सुधाकर पाण्डे के आज भोरे मुंबई में निधन हो गइल। लीवर के बेमारी का वजह से ऊ एहिजा के एगो निजी अस्पताल में पिछ्ला काफी दिन से भरती रहले।सुधाकर पाण्डे के जनम 15 अगस्त 1972 के उत्तर प्रदेश के सुलतानपुर में भइल रहे, आ उनका के श्रेय जाला एह इंडस्ट्री के दूगो सुपरस्टार देवे के। "ससुरा बडा पइसावाला" में ऊ मनोज तिवारी के अभिनय के दुनिया में ले अवले, आ "चलत मुसाफिर मो ह लियो रे" में ऊ एह इंडस्ट्री के दिनेशलाल यादव निरहुआ नियन कलाकार से परिचय करवले।
उनुकर निधन से समूचा फिल्म इंडस्ट्री सदमा में बा। भोजपुरी सुपरस्टार मनोज तिवारी एह समाचार पर गहरा दुख जतवले, आ कहले कि आज भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री अनाथ हो गइल, काहें कि एह इंडस्ट्री के रचनाकार हमनी के छोड के बहुत दूर जा चुकल बाटे। एह घटना पर दुख जतावत प्रसिद्ध गीतकार (आ अभिनेता) बिपिन बहार कहले कि सुधाकर जी के निधन से इंडस्ट्री में जवन स्थान खाली भइल बा, ओकर कबो पूर्ति ना कइल जा सकेला।
वइसे त सुधाकर पाण्डे खाली चार गो फिल्म बनवले - ससुरा बडा पईसावाला, दरोगा बाबू आई लव यू, चलत मुसाफिर मोह लियो रे, आ रंग दे बसंती चोला । लेकिन 2004 में अपना पहिला फिल्म से उ लगातार नया लोगन के फिल्म बनावे खातिर प्रेरित करत रहलन। आ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के तिसरका दौर के एहिजा तक पहुँचावे में उनकर बहुत बड योगदान बाटे।
उनका निधन पर भोजपुरी सिनेमा जगत के रवि किशन, दिनेशलाल यादव निरहुआ, नगमा, मुर्तजा जाफरी, जगदीश शर्मा, सुनील बूबना, किशन खदरिया, डा. संजय सिन्हा, जितेश दूबे, अभय सिन्हा, महेश पांडे, असलम शेख, विनय आनन्द, रिंकू घोष, आ गोरखपुर के वरिष्ठ पत्रकार धर्मेन्द्र पाण्डे संवेदना जतवले बाडे।
भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार भी एह खबर से दुखी बा, आ हमनी का भगवान से उनका आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना क रहल बानी जा। भगवान उनका परिवार के एह दुख के सहे के शक्ति देव।



भोजपुरी फिल्मो के जाने माने निर्माता स्वर्गीय सुधाकर पांडे के नाम पर हर साल अवार्ड दिया जाएगा। ये घोषणा शनिवार को आयोजित एक शोक सभा में भोजपुरी फ़िल्म अवार्ड समिति के अध्यक्ष विनोद गुप्ता ने की। मुंबई के अँधेरी स्थित आंबेडकर भवन हाल में निर्माता आलोक कुमार और अभय सिन्हा द्वारा सुधाकर पांडे को श्र धांजलि देने के लिए एक शोक सभा का आयोजन किया गया था। इस अवसर पर भोजपुरी फिल्मो के सुपर स्टार रवि किशन, कुणाल सिंह, विनोद गुप्ता, निर्देशक राज कुमार पांडे, बबलू सोनी , हैरी फ़र्नान्डिस, अभिनेता ब्रजेश त्रिपाठी, पंकज केसरी, मनोज टाइगर, प्रवेश लाल यादव, अभिनेत्री रिंकू घोष, रानी चटर्जी, सादिका रंधावा गीतकार बिपिन बहार, अरिमर्दन सिंह , प्रचारक उदय भगत सहित फ़िल्म जगत के जाने-माने लोग मौजूद थे। शोक सभा में कुणाल सिंह ने भोजपुरी फ़िल्म जगत के प्रति सुधाकर पांडे के योगदान की चर्चा करते हुए विनोद गुप्ता से आग्रह किया की उनके सम्मान में एक अवार्ड दिया जाए। विनोद गुप्ता ने तत्काल इसकी हामी भरी और कहा की अगले भोजपुरी फ़िल्म अवार्ड में भोजपुरी फिल्मो के प्रचार प्रसार में योगदान देने वालो को इस अवार्ड से सम्मानित किया जाएगा। उल्लेखनीय है की पिछले दिनों युवा निर्माता सुधाकर पांडे का आसमयिक निधन हो गया था। स्वर्गीय पांडे को मनोज तिवारी और दिनेश लाल यादव निरहुआ जैसे अभिनेता को फिल्मी परदे पर लाने का श्रेय जाता है, यही नही उनकी पहली फ़िल्म ससुरा बड़ा पैसावाला ने भोजपुरी फ़िल्म जगत के लिए संजीवनी का काम किया था।
bahut vawpurna shradanjali aa samman
nepal
eh se bujhat ba ki bhojpuri na bhojpuriyan logan ke abhi bahut sudhar ke jarurat ba...........rk anuragi