पटना। सामुहिक इफ्तार का संगे रमजान के पहिला रोजा रविवार के पूरा भइल। एह परब के भावना के अनुसार अमीर-गरीब सब एके संगे बैठ के इफ्तार कइले। रोजा रखे वालन के चेहरा पर खुशी साफ झलकत रहे।सामने त खाये के बहुते सामान धइल रहे, बाकिर सबके इंतजार रहे मस्जिद से आये वाली "अल्लाहु अकबर" के सदा के। सदा सुनला के साथे लोग खजूर से आपन रोजा खोलल। जेकरा जवन नसीब भइल, ओकरा खातिर अल्लाह के शुक्रिया अदा कइलस। कई गो मस्जिदन में गरीबन खातिर विशेष व्यवस्था कइल गइल रहे।
मुस्लिम परिवारन में दोपहर से ही लोग इफ्तार के तैयारी में जुट गइल रहे, आ तरह- तरह के पकवान बनावल जात रहे। एकरा अलावा मुस्लिम होटलन में भी इफ्तार के व्यवस्था कइल गइल रहे। रमजान के पावन महीना शुरु होते साथ मस्जिदन में भी नमाज पढे वालन के संख्या काफी बढ गइल बा।
एह महीना में लोग एक-दोसरा में खुशी बाँटे के, आ सब केहू के मदद करे के कोशिस करेला। एकरा अलावा हर रोजेदार रोज पाँचो बेरा नमाज पढेला, आ परिवार के खुशी अल्लाह से माँगेला। कहल जाला कि सच्चा मन से रोजा रखे वालन के सब गुनाह माफ हो जाला। लेकिन एह महीना केहू से भी झूठ ना बोले के चाहीं, आ ना ही केहू के सताये के चाहीं।
एह साल 20 सितम्बर के चांद दिखे के, आ 21 सितम्बर के ईद पडे के संभावना बा।



