पटना। बिहार में गंगा के जलस्तर बढला से छठ करे वालन के मुश्किल बढ़ गइल बा। दानापुर से लेके दीदारगंज तक फैलल घाटन के किनारे के स्थिति इ बा कि बढल जलस्तर का वजह से अरघ देवे तक के जगह नइखे बचल। किनारा से तनिको आगे बढला पर ढेर गहराई बा।एतवार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एहिजा दानापुर के नासरीगंज से लेके पटना सिटी के दीदारगंज तक गंगा के घाटन के जायजा लिहले आ एह स्थिति पर साथ चल रहल अफसरन के कई निर्देश दिहले। मुख्यमंत्री के कहनाम बा कि ई एगो बड़हन समस्या बाटे। अरघ खातिर शहर के भीतरी इलाका में हेलीकाप्टर से जगह के तलाश क के प्रशासन ओहिजा समुचित प्रबंध करो। एह में अगर जरूरत हो तो गूगल अर्थ के भी उपयोग कइल जाव। मुख्यमंत्री के साथ उप मुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी आ स्वास्थ्य मंत्री नंदकिशोर यादव भी पूरा स्थिति के जायजा लिहले।
गंगा के बढ़ल जलस्तर के कारण समस्या इ बा कि पहलवान घाट से अरघ खातिर ओह पार जाये में भी परेशानी बा। घाट उतरते ही काफी पानी बा जबकि ओह पार अरघ खातिर ढेर जगह बा। मुख्यमंत्री एहिजा पटना के जिलाधिकारी जितेंद्र कुमार आ नगर निगम के प्रशासक के निर्देश दिहले कि एहिजा एक संगे कई नावन के जोड़ के रास्ता बना दिहल जाव ताकि लोगन के ओह पार जाये खातिर एक साधन मिल जाव। इकरा अलावा चचरी के पुल भी बनावल जा सकेला। दीघा से कलेक्ट्रियट घाट के बीच में खाली पहलवान घाट पर ही अरघ देवे लायक माहौल बा।
कलेक्ट्रियट से गायघाट के आगे बनल घाटन के समस्या एह बेर कुछ ढेर विकट बाटे। एहिजा पानी के स्तर काफी बढ़ल बा, कई जगह त 20 फीट से भी ज्यादा गहराई बाटे। एकरा बारे में मुख्यमंत्री अफसरन के आदेश दिहले कि बांस, रस्सी आ लाल झंडी लगा के घाट के किनारे खतरा के स्थिति के जानकारी दिहल एह बेर कारगर ना होई।
वइसे प्रशासन एगो आउर व्यवस्था के तहत घाट के ऊपर बचल जगह में अस्थायी तौर पर तालाब बना के अरघ के व्यवस्था क रहल बाटे। मुख्यमंत्री के संगे चल रहल स्वास्थ्य मंत्री नंदकिशोर यादव के कहनाम बा कि पटना सिटी में अब तक पांच जगह पर घाट के किनारे तालाब के व्यवस्था कइल जा चुकल बा। एही तरह के कई गो आउर तालाब भीतरी इलाका में भी बनावल जाई। एकरा खातिर अधिकारी लोग के निर्देश दिहल गइल बा कि हेलीकाप्टर की नीची उड़ान भर के ऊ लोग जगह के खोज करो।




shbhi chhetwasio ko
hamari traph se