Home Culture Festivals सबेरे के अरघ के साथ छठ पर्व के समापन

सबेरे के अरघ के साथ छठ पर्व के समापन

E-mail Print PDF
share
जमशेदपुर। पिछला चार दिन से चल रहल छठ के पर्व आज पूरा हर्षोल्लास का संगे समाप्त हो गइल। बिहार, झारखण्ड, उत्तर प्रदेश, दिल्ली, मुंबई, मध्य प्रदेश, पच्छिम बंगाल आ सारा देश भर से आज सबेरे उगता सुरज के अरघ देवे के खबर आ रहल बाटे।

बिहार आ झारखण्ड के कई हिस्सा से मुसलमान भाइयन द्वारा छठ पर्व में हिस्सा ले के सांप्रदायिक सदभाव के मिसाल पेश कइल गइल ह। दिल्ली सरकार ओहिजा छठ पूजा खातिर यमुना नदी के 29 घाटन पर व्यवस्था कइले रहे, जहाँ करीब 15 लाख से अधिक लोगन द्वारा पूजा करे के अनुमान बा। एकरा अलावा दिल्ली से सटल गुड़गांव, गाजियाबाद, फरीदाबाद, नोएडा आदि कई जगह पर लोग छोट नदियन आ नहरन के किनारे बड संख्या में छठ मनाये खातिर जुटल।

सारा देश भर में भक्तिमय छठ गीतन के भी धूम रहे। लगभग हर प्रमुख घाट पर कुछ गायकन के कार्यक्रम भी रखल रहे। भोजपुरी गायक मनोज तिवारी 23 के दिल्ली में आ 24 के मुंबई में बिहारी फ्रंट द्वारा आयोजित पूजा में आपन कार्यक्रम पेश कइले। दोसरा ओर जमशेदपुर में मालिनी अवस्थी के कार्यक्रम के धूम रहे।

छठ व्रत करे खातिर प्रसिद्घ सूर्यनगरी स्थल औरंगाबाद जिला के देव में भी हजारन छठ व्रतीयन द्वारा सूर्य भगवान के पहिला अरघ दिहल गइल आ आर्शीवाद मांगल गइल। चंडीगढ़ प्रशासन भी छठ पूजा के विशेष व्यवस्था कइले रहे। पूजा खातिर सेक्टर 42 स्थित झील में विशेष घाट बनावल गइल रहे, जहाँ करीब 100,000 श्रद्धालुअन के इकट्ठा होखे के संभावना बा।

एह पर्व के सबसे बड खासियत इ हवे कि एहमें डूबत सुरज के उगता सुरज से पहिले अरघ दिहल जाला, जवन कि शायद दुनिया में अपने आप में अकेला कोशिस हवे। ई हमनी के संस्कृति हवे जवन कि सारा जीवन के अनुभव के कुछ दिन के सफलता से ज्यादा महत्व देवे के शिक्षा देवेला।

भाईचारे के एह त्योहार में बिहार आ झारखण्ड के कई हिस्सा से कई मुसलमान भाइयन द्वारा भी छठ मनाये के खबर आ रहल बा। छठ पर्व खातिर जहाँ कुछ मुसलमान लोग व्रत रखले बा, ओहिजा कुछ आउर मुसलमान भाई नदी आ गली के सफाई कइले आ पूजा खातिर नारियल, फल, कपडा आदि वितरित क के हिंदू भाइयन के मदद भी कइल लोग।

एही तरह के एगो उदाहरण फुलवारीशरीफ (पटना) के तहत बाखो के 30 बरिस के तारा खातून के हवे, जे लाखन हिंदू महिला का तरह छठ पर्व मना रहल बाडी। खातून के पति कल्लू बाखो भी छठ के परंपरा निभाये में उनुकर मदद क रहल बाटे। खातून के कहनाम बा कि पिछला साल छठ के समय प्रार्थना कइला से हमार इकलौता लइका स्वस्थ हो गइल, ओही से हम एह साल छठ मना रहल बानी। तारा खातून का जइसने कई गो आउर मुस्लिम महिला लोग के पूरा श्रद्धा के साथ छठ मनाये के खबर मिल रहल बाटे।

हर साल का तरह एह साल भी भोजपुरिया डॉट कॉम द्वारा भी छठ व्रतियन के प्रसाद भेजे के व्यवस्था कइल गइल बाटे, जवना में एक हजार से ज्यादा लोग आपन नाम-पता दर्ज करवले बा। छठी मइया के प्रसाद भेजे खातिर शायद दुनिया भर में सबसे बड एह आयोजन खातिर कवनो श्रद्धालु से एको पइसा ना लिहल जाला, आ एह में भी कई मुसलममान भाई लोगन द्वारा छठी मइया के प्रसाद खातिर आवेदन भेजल गइल बाटे। कुल मिला के एक बात पक्का तौर पर कहल जा सकेला कि भोजपुरिया संस्कृति के जवन विराट रुप एह पर्व में दिखेला, ओकरा के कवनो धर्म आ संप्रदाय के सीमा में बाँधल संभव नइखे।

Related news items: