जमशेदपुर। भोजपुरी भाषा आ संस्कृति खातिर समर्पित वेबसाइट भोजपुरिया डॉट कॉम द्वारा एह साल 1000 से ज्यादा लोगन के छठी माई के प्रसाद भेजल जा रहल बा।
एह बारे में सुचना देत भोजपुरिया डॉट कॉम के निदेशक सुधीर कुमार बतवले कि ई शायद पहिला बार हवे, जब एतना बड संख्या में छठ के प्रसाद श्रद्धालुअन के भेजल जा रहल बा। ई संख्या पिछला साल से लगभग दूगुना हवे, आ एह में कश्मीर से लेके कन्याकुमारी तक के लोग शामिल बा।
"रउरा के ई जान के आश्चर्य होई कि एह साल मुसलमान भाई लोग का ओर से भी कई आवेदन मिलल बा, आ हमनी का ओह सभ लोगन के आज प्रसाद भेजे जा रहल बानी। एकरा अलावा आई आई एम, एक्स एल आर आई, आई आई टी, बी एच यू आ कई गो आउर संस्था से जुडल लोग भी प्रसाद मँगवले बा," सुधीर कुमार कहलन।
दुनिया में अपने आप में अकेला, आ एकदम अनूठा एह प्रसाद वितरण के ई लगातार पाँचवा साल ह, आ एह साल एह प्रयास में भोजपुरी अभिनेता मनोज तिवारी, मैजिक टीवी आ नवीन कुमार तिवारी (दुबई) के विशेष सहयोग मिलल बा। एह कार्यक्रम के सफल बनाये में मीडिया वालन के जवन सहयोग मिलल बा, ओकरा खातिर भोजपुरिया डॉट कॉम टीम ओह लोगन के भी आभारी बा।
एह आयोजन में प्रसाद खातिर केहू से एको पइसा ना लिहल जाला, आ कोरियर के खर्च भी भोजपुरिया डॉट कॉम द्वारा वहन कइल जाला। अगिला 48 घंटा में सभ लोगन के नाम आ कुरियर ट्रैकिंग नम्बर वेबसाइट पर अपडेट क दिहल जाई, ताकी लोगन के प्रसाद पाये में आसानी होखो।
अपना प्रसाद के कुरियर ट्रैकिंग नम्बर देखे खातिर एहिजा क्लिक करीं।



manoj tiwari, navin ji aur sudhir ji ke bahut2 dhanyabad
raur
sanjay pandey
chatti maee sab parlagaeeyay.
krishna kumar
chennai
Hamar taraf se sab bhojpuria bhai logan ka pranam bate.CHHATHI MAI ke ham pujali hamke sabkuchh milal ba.Ham eha kahabe ki Chhath mai ke puja sab lag karin audr man chaha Phal pain.
"Sarvjeet Gorakhpuri ke taraf se Pranam"