Home Cinema News मनोज तिवारी खातिर दोहरा खुशी के दिन

मनोज तिवारी खातिर दोहरा खुशी के दिन

E-mail Print PDF
बनारस। भोजपुरी अभिनेता मनोज तिवारी आज (1 फरवरी) आपन जनम दिन आ शादी के वर्षगांठ मना रहल बाड़े। बेहद निजी अंदाज में अपना माई आ परिवार का संगे एह खुशी के मनाये खातिर मनोज अपना व्यस्त कार्यक्रम में से समय निकाल के बनारस आइल बाड़न।

एह अवसर पर फिल्म आ राजनीति से जुडल कई लोगन द्वारा मनोज के शुभकामना लगातार मिल रहल बाटे। मुंबई के तडक-भडक से दूर बनारस में एह कार्यक्रम के लेके मनोज खासा संजीदा बाड़े। "अपना व्यस्तता का वजह से हम बहुत ज्यादा समय अपना माई के ना दे पावेनी, ओही से हम फैसला कइनी कि एह साल आपन जनम दिन अपना माई, पत्नी आ बेटी का संगे बनारस में मनायेब। एह अवसर पर हमरा बहुत सारा चाहे वालन आ शुभचिंतकन का ओर से लगातार बधाई संदेश मिल रहल बा, जवना खातिर हम ओह लोगन के धन्यवाद दिहल चाहेब," मनोज तिवारी भोजपुरिया डॉट कॉम से खास बातचीत में कहलन।

मनोज तिवारी के नाम भोजपुरी के सबसे सफल गायकन में लिहल जाला। साल 1996 में उनुकर पहिला भक्ति वाला एलबम "माई के महिमा" रिलीज भइल रहे, जवन कि सुपरहिट रहे। ओकरा बाद लगातार उनुकर कई गो एलबम आइल, जवना में भोजपुरी लोकगीतन के नया अंदाज में पेश कइल गइल रहे। शायद इ पहिला बेर रहे, जब लोगन के भोजपुरी पॉप सुने के मिलल रहे। लोग उनुका गीतन के जादू में डूबत गइल, आ मनोज फेर दोबारा कहियो वापस मुड के ना देखलन।

उनुकर गीतन के लोकप्रियता से प्रभावित होके कुछ फिल्मकार मनोज के अपना फिल्म में काम करे के न्योता देहले सन। आ एह सब के सुखद परिणाम तब मिलल, जब उनुकर पहिला फिल्म "ससुरा बडा पइसावाला" (2004) बाक्स ऑफिस पर एगो नया रेकार्ड बना दिहलस। एगो प्रसिद्ध गायक का रुप में त दुनिया मनोज के पहिलहीं से जानत रहे, लेकिन ई फिल्म इनिका के रातो-रात भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के चहेता अभिनेता बना दिहलस। एक बेर फिल्म इंडस्ट्री में पांव जमला के बाद मनोज अपना परिवार के लेके भले ही मुंबई चल गइले, लेकिन उनुकर दिल आज भी उनुका गांव (अतरवलिया गांव, कैमुर जिला, बिहार) में, आ ओह से सटले बनारस नगरी में बसेला।

भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार का ओर से मनोज तिवारी के जनम दिन आ शादी के वर्षगांठ के हार्दिक बधाई। हमनी के आशा बा कि मनोज आगे भी एही लेखां अपना गायन आ अभिनय के माध्यम से भोजपुरी के प्रचार-प्रसार में लागल रहिहें।

मनोज तिवारी के जीवनी पढे खातिर एहिजा क्लिक करीं।
 
Comments (1)
tajmahal
1 Thursday, 01 April 2010 05:34
pawan pandey
manoj bhaiya ke bar bar pranam kart bani.
hamra ego bat ke khushi ba ki au tajmahal badent ome ego inta hamhu badi. Pawan Photo
Banner