नई दिल्ली। हिंदी आ भोजपुरी फिल्मन के लोकप्रिय अभिनेता सुजीत कुमार के शुक्रवार के देहांत हो गइल। सुजीत कुमार 75 साल के रहलन। सत्तर के दशक में भोजपुरी फिल्मन में उनकर अभिनय के जलवा एह तरह बिखरल कि उनुका के भोजपुरी फिल्मन के पहिला सुपरस्टार कहल जाये लागल। भोजपुरी फिल्मन में उनुकर अभिनय के असर ना सिर्फ भारत में, बल्कि मारीशस, गुयाना, फिजी, सूरीनाम आदि कई देशन में भी काफी रहे। उनुकर फिल्म एह देशन में भी काफी प्रसिद्ध रहली सन। बॉलीवुड में सुजीत कुमार राजेश खन्ना का संगे कई गो सफल फिल्मन में सहायक अभिनेता के रूप में काम कइले रहलन।
सुजीत कुमार अपना पीछे एगो लइका (जतिन कुमार) आ लइकी (हिना) के छोड गइल बाडे। उनुका निधन से समुचा भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री शोक में डूब गइल बिया। भोजपुरी अभिनेता मनोज तिवारी, रवि किशन आ कई गो अउर लोग उनुका निधन पर आपन शोक-संवेदना व्यक्त कइले बा। एह लोगन के कहनाम बा कि सुजीत कुमार के निधन से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में जवन स्थान खाली भइल बा, ओकर पूर्ति दूर-दूर तक संभव दिखाई नइखे देत।
सुजीत कुमार के प्रसिद्ध फिल्मन में लागी नाहीं छूटे राम, विदेशिया, दंगल, गंगा कहे पुकार के, गंगा जइसन भौजी हमार, सजनवा बैरी भइले हमार, हमार भौजी, माई के लाल, संपूर्ण तीर्थयात्रा आदि के नाम लिहल जा सकेला। वइसे हिंदी फिल्मन में सुजीत कुमार के जिक्र आते साथ लोगन के मन में 'आराधना' फिल्म के बेहद लोकप्रिय गाना 'मेरे सपनों की रानी..' के दृश्य तैर जाला। बतौर चरित्र अभिनेता सुजीत कुमार हिंदी फिल्मन में भी काफी सफल रहले। हिंदी आ भोजपुरी के कुल मिला के 200 से ज्यादा फिल्मन में काम कइला के बाद ऊ फिल्म निर्माण शुरु कइलन। उनुका द्वारा बनावल फिल्मन में ऐतबार (अमिताभ बच्चन का संगे), खेल, चैपिंयन (सन्नी देओल का संगे) आदि प्रमुख रहे।
सुजीत कुमार के स्मृति में आगामी 8 फरवरी 2010 के सांझी खान 5 बजे इंडियन मेडिकल एसोसियेशन, जुहू (पीवीआर सिनेमा का पीछे) में एगो शोक-सभा के आयोजन कइल गइल बा, जवना में भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के सभ कलाकारन के भाग लेवे के उम्मीद बा।



