Home Cinema News दिग्गज विलेन निर्मल पाण्डेय के निधन

दिग्गज विलेन निर्मल पाण्डेय के निधन

E-mail Print PDF
share
मुंबई। भोजपुरी आ हिन्दी फिल्मन के दिग्गज विलेन आ चरित्र अभिनेता निर्मल पाण्डेय के निधन आज एहिजा मुंबई में हो गइल। पिछला कुछ समय से ऊ बिमार चलत रहलन। आज दिल के दौरा पडला के बाद उनुका के अंधेरी-ईस्ट (मुंबई) स्थित होली स्पीरिट हॉस्पिटल में भरती करावल गइल, जहाँ इलाज के दौरान उनुका के बचावल ना जा सकल।

46-वर्षीय निर्मल पाण्डेय अपना पीछे अपना पत्नी आ दू गो लइका के छोड गइल बाडे। निर्मल पाण्डेय "नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा" से अभिनय में कोर्स कइला के बाद फिल्म इंडस्ट्री में आइल रहलन। साल 1996 में उनुका के फिल्म दायरा में बेहतरीन काम कइला खातिर फ्रांस में बेहतरीन अभिनेता के अवार्ड भी मिलल रहे। 1994 मे ऊ संवेदना नाम से एगो थियेटर ग्रुप शुरु कइलन, आ गाजियाबाद में ऊ एगो अभिनय सिखाये वाला स्कूल (फ्रेस टैलेंट एकेडमी) भी चलावत रहलन।

उनुका निधन पर मनोज तिवारी, रवि किशन, मुर्तजा जाफरी आ कई गो अउर लोग शोक-संतप्त बाटे। "हम स्तब्ध बानी, आ हम ई विश्वास करे के हालत में नइखी कि 2 साल पहिले हमनी का पूरब में एके संगे काम कइनी जा, आ आज एतना कम उमर में निर्मल पाण्डेय जी हमनी का बीच नइखी", चर्चित भोजपुरी फिल्म पूरब के निर्माता एम. मुर्तजा जाफरी कहलन।

अपना शोक-संदेश में भोजपुरी अभिनेता रवि किशन कहलन कि निर्मल पाण्डेय जी के निधन से फिल्म इंडस्ट्री के जवन अपूरणीय क्षति भइल बा, ओकर पूर्ति संभव नइखे। दोसरा ओर भोजपुरी अभिनेता मनोज तिवारी ई खबर सुनते साथ सदमा में आ गइलन - "एतना बढिया अभिनेता के एह तरह जाना हमरा खातिर निजी क्षति हवे। उनुका संगे काम कइल हमरा जिनगी के बेहतरीन अनुभव में से एक रहे। भगवान उनुका आत्मा के शांति देस, आ उनुका परिवार के एह दुख के सहे के क्षमता देस।"

बैंडिट क्वीन आ गॉडमदर जइसन फिल्मन से एगो विलेन का तौर पर आपन खास पहचान बना चुकल निर्मल पाण्डेय के नाम बॉलीवुड में भी पहचान के कवनो मोहताज ना रहे। "प्यार किया तो डरना क्या", "वन, टू का फोर", "इस रात की सुबह नहीं", "हद कर दी आपने", "आजा नचले" आ "शिकारी" जइसन कई गो सफल हिन्दी फिल्मन में ऊ अपना अभिनय के लोहा मनवा चुकल रहल। भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में ऊ "पूरब", "छोटकी दुलहिन" आ कुछ अउर फिल्मन में काम कइले रहलन।
 
Comments (4)
nirmal pandey
1 Saturday, 20 February 2010 21:35
Dharmendra Kumar Pandey
dukhad samachar ba.
dil dukh gayaa
2 Sunday, 16 May 2010 15:57
atul kumar pandey
ve ek bahut carchit abhineta the ,
yeh bahut hi dukhad ghatna hai
Kucht Khas Baat
3 Monday, 31 May 2010 13:27
ASHOK KUMAR DEV
Jeevan main Janam Mran t Nischit ba, Sab Bhagwan Janat bani Ki Kekra ke Kaun Rasta se le pahuchaim, Ase I sab main the dukh jaroor hola, akra ke adhatic diristi se dekhal jaw t, sab uhen ke bidhi bidhan h. Bhagwant se hmra taraf se prathana ba ki Pandey ji ke Atma Ke shati dii or Uha ke pariwar ke Samhle ke shakti Di.
bhojpuriya samaj ke nuksan
4 Saturday, 24 July 2010 19:19
yashraj
nirmal pandey purwanchal ke ego shan rahlan unka nidhan se bhojpuriya samaj ke bahut nukshan bhail ha.....bhagwan unkara atma ke shanti pardan kare................