Home Cinema News सुधाकर पाण्डेय के तेरही मनावल गइल

सुधाकर पाण्डेय के तेरही मनावल गइल

E-mail Print PDF
सुल्तानपुर। भोजपुरी फिल्मन के प्रसिद्ध निर्माता सुधाकर पाण्डेय जी के तेरही काल्ह एहिजा उनुकर पैतृक निवास पर मनावल गइल। एह अवसर पर उनुकर पारिवारिक लोगन के अलावा फिल्म इंडस्ट्री से जुडल कई लोग भी उपस्थित रहे।

एह आयोजन में जुटल भीड के देख के लागल कि मानो पूरा सुल्तानपुर अपना बेटा के तेरही पर उमड गइल होखे। आ सुधाकर जी के भाई आ अन्य लोगन के आँखन में आंसू देख के त शायद कवनो पत्थरो पसीज जाइत।

बडा ही शोकाकुल महौल में भइल एह आयोजन में मनोज तिवारी, मुर्तजा जाफरी, गोपाल राय, प्रवेशलाल यादव, आ प्रभुनाथ राय (लखनऊ) मुख्य रुप से शामिल भइल लोग। एह अवसर पर जब मनोज जी स्व. सुधाकर पाण्डेय जी के सबसे छोट बेटी के गोदी में लिहले, त एक पल खातिर सभकर आँख भर आइल।

भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार भी महान फिल्मकार सुधाकर पाण्डेय जी के प्रति आपन श्रद्धांजलि अर्पित क रहल बा, आ भगवान से उनुकर आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना क रहल बा।
 
click here