नई दिल्ली। राज्यसभा के नया सदस्यन के शपथ ग्रहण समारोह में हिंदी, अंग्रेजी, संस्कृत अउर तमिल का संगे-संगे कुछ समय खातिर भोजपुरी भी गूंजल, लेकिन संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल ना भइला के कारण भोजपुरी में शपथ लेवे वाला राजीव प्रताप रूड़ी (भाजपा) के दोबारा अंग्रेजी में शपथ लेवे के पड़ल।