लखनऊ। बारिश से उत्तर प्रदेश के हापुड़, उरई अउर हरदुआगंज स्थित भारतीय खाद्य निगम (एफसीआई) के डिपो में 345 टन गेहूं बर्बाद हो गइल बाटे। उपभोक्ता मामले अउर खाद्य एवं सार्वजनिक वितरण मंत्रालय द्वारा जारी भइल रिपोर्ट के अनुसार बर्बाद भइल गेहूं के कीमत 50 लाख रुपया से बेसी बाटे। अधिकारियन के कहनाम बा कि सबसे ज्यादा 300 टन गेहूं हरदुआगंज (अलीगढ़) स्थित एफसीआई के डिपो में बर्बाद भइल बाटे। एकरा अलावा हापुड़ में 30 टन अउर उरई स्थित गोदाम में 15 टन गेहूं बर्बाद भइल बाटे।