Home Culture Festivals घर बइठले मईया के शक्ति-पीठन के दर्शन करीं

घर बइठले मईया के शक्ति-पीठन के दर्शन करीं

E-mail Print PDF
नई दिल्ली। एह नवरात्र में वइसे त लगभग सब चैनल पर सबेरे माई के महिमा के बारे में देखावल आ रहल बाटे, लेकिन माई के महिमा पर आधारित सबसे अनूठा कार्यक्रम रउरा भोजपुरिया मैजिक पर देख सकेनी।

एहिजा हर दिन माई के अलग-अलग रुप के बारे में जानकारी दिहल जा रहल बाटे। ना सिर्फ माई के रुप आ ओकर विशेषता, बल्कि एह चैनल पर ओह रुप के पूजा-पाठ के विधि आ माई के अलग- अलग शक्ति पीठ के बारे में भी जानकारी दिहल जा रहल बा। एकरा अलावा, माई के हर धाम के इतिहास आ महत्व के बारे में भी समुचा जानकारी जुटा रहल बाटे भोजपुरिया मैजिक।

“हमनी के कोशिस बा कि भोजपुरिया संस्कृति आ संस्कारन के घर-घर ले पहुँचाईं, आ एही वजह से हमनी का नवरात्र के समय में माई के शक्ति-पीठन के बारे में जानकारी दे रहल बानी जा। हमनी के विश्वास बा कि एह तरह के कार्यक्रम से नवका पीढी के बहुत कुछ सीखे के मिली,” चैनल के चेयरमैन अशोक गुप्ता कहलन।

नवरात्र पर विशेष पेशकस के बारे में चैनल के मुख्य कार्यकारी अधिकारी (सीईओ) संजय सचदेवा के कहनाम बा कि चैनल एह तरह के कार्यक्रम के प्रसारण आगे भी जारी रखी। “अभी त त्योहारन के मौसम शुरुये भइल बा। हमनी के कोशिस बा कि हमनी का दिवाली आ छठ के पावन अवसर पर भी एह तरह के कार्यक्रम देखा सकीं। वइसे भी अपना चैनल में हमनी का भोजपुरिया संस्कृति आ संस्कारन के खास जगह देवेनी जा।“

"एह कार्यक्रम के सफलता से हमनी के टीम बहुत खुश बाटे। ई त हमनी के चैनल के पहिला साल हवे, आ मईया के कृपा से आगे से आउर भी बेहतर कार्यक्रम हमनी का पेश करे के कोशिस करब," रवि शेखर जी कहलन, जवन कि चैनल में एगो उच्च पद पर आसीन बाडे। शायद ई एह चैनल के अलग दिखे के जज्बा ही हवे, जेकरा वजह से कई गो चैनलन के भीड में भी भोजपुरिया मैजिक बहुत कम समय में आपन अलग पहिचान बना लेले बा।
 
Banner