कहला जाला कि भगवान आ उनुका भक्तन का बीच में भाषा कबो दिवार ना बनेले, आ शायद एही वजह से भक्ति से संबंधित लगभग सभ किताबन के हिन्दी अनुवाद उपलब्ध बाटे। लेकिन जब बात श्रीमद भगवद गीता के आयेला, त एह संसार में कर्म के महत्ता बताये वाला एह धार्मिक ग्रंथ के अनुवाद दुनिया के कई गो भाषा का संगे-संगे अब भोजपुरी में भी उपलब्ध बा।
"हम त चाहेब कि लोग आगे आओ, आ बाकी धार्मिक ग्रंथन के भी भोजपुरी अनुवाद होखो। एह से ना सिर्फ भोजपुरी भाषा के विकास होई, बल्कि ई हमनी के नया पीढी के अपना भाषा आ संस्कृति से जोडे में सहायक भी साबित होई," जनार्दन जी आगे बतवनी। एहिजा हमनी का अपना पाठकन खातिर एह "जनार्दन गीता" में से महाभारत के युद्ध शुरु भइला के समय के कुछ पंक्ति दे रहल बानी, जवना समय अर्जुन अपना विरोध में अपना परिवार वालन के देख के लडे से इंकार क दे तारे:
तब अर्जुन दूनों सेना के, देखलनि नयन उघार ।
दादा-परदादा गुरुजन संग, पितिया के भरमार ।।
मामा, भइया, पूत सहित ही, रहलनि पूत के पूत ।
ससुर-सार आ हीत-नात संग, जुटले सभे अकूत ।।
हीत-नात देखि के अर्जुन-मन, भइल दु:ख से भारी ।
भाव से भरि के ऊ कहलनि तब, सुनी हे बनवारी ।।
जे भी डटलनि युद्ध के खातिर, ऊ सभ अपने बाटे।
काँपे थर-थर ढील बदन आ मुँहवा सूखत बाटे ।।
एह पंक्तियन से ही एह किताब के मूल भावना के झलक मिलेला। जनमानस के भाषा में लिखल एह गीता में एह बात के खास ध्यान दिहल गइल बा कि एक ओर जहाँ एकरा के रोचक आ सरस भाषा में रखल जाव, ओहिजे दोसरा ओर एह में गीता के मर्म जस-के-तस रहो।
एह तरह के किताब ना सिर्फ धर्म प्रचार के काम में आ सकेले, बल्कि एह दुनिया में आम आदमी के आपन कर्म करे के, आ सत्य के राह पर आगे बढे के प्रेरणा भी दे सकेले। एतना बढिया किताब लिखला खातिर भोजपुरिया डॉट कॉम का ओर से जनार्दन जी के बधाई। हमनी के आशा ही ना, बल्कि पूरा विश्वास बा कि ई किताब बहुत जल्दिये भोजपुरिया समाज के हर घर में आपन स्थान बनाये में सफल रही।





rauvaa dil kush kae dihne hai.
ta ham bhojpuri samaj ke sukriya aada ka r tani
are wah e ta sache kamal ho gail. aapn bhojpuri bhasha me geetaji. sunke man me jetna aapar khushi hot ba u sabdan me naikhe kahal ja sakat. aage aise hi anya granthan ke (ved, puran, etc ) anuvad ke jarurat ba. hamar bhasha bhpjpuri bhasha mahan ba.
sab bhojpuri sadasya ke sadar pranam.
shri janardanji ke hum sadar pranam karat bani....
hum e jan ke bara khush bhaele ki bhojpuri bhasha ke modernationwaa ke ori ek aur kadam badhal ba
u hu translationvaa ka .
aaj hum raur ke "shree madbhagavat geeta " ke anuwad par bahut -bahut badhaee det bahi.....
hum e jan ke bara khush bhaele ki bhojpuri bhasha ke modernationwaa ke ori ek aur kadam badhal ba
u hu translationvaa ka .
aaj hum raur ke "shree madbhagavat geeta " ke anuwad par bahut -bahut badhaee det bahi.....
yesa prayas aur usaki paniti bahut hi srahaniya aur prasansaniya hai
For the information of people here..One Sri Hira Thakur from Arrah has also written , Gita and Vedas in Bhojpuri.....anyone getting those books must publish some lines..for a starter.
Bhagwan krishna unkara ke sahitya ke charam seema par le jaihe...........
Mere nazar men Srimad Bhagwat Geeta kaa Bhojpuri men anuwaad isse pahale bhi ho chuka hai Shri Kamala Kant Pathak 'Nirala' Jee ke dwara jo Surya Path, Radhika Nagar, Kharangajhar, Jamshedpur 83004 men niwas karten hain aur sarkari sansthan men professor ke pad par tainat hain.
kalhi mumbai me ek bhojpuri abhiyan me gana gabe ke milal, jai bhojpriya