Home Music News मैजिक टीवी पर अंताक्षरी के धूम

मैजिक टीवी पर अंताक्षरी के धूम

E-mail Print PDF
नई दिल्ली। भोजपुरी के परम्परा आउर रिति-रिवाजन का संगे-संगे कदम-ताल करत मैजिक टीवी के जादू दर्शकन के सिर चढ़ के बोल रहल बाटे। आउर एही में एगो नया कडी जोडत एह चैनल पर मनोरंजन आउर रोचकता से भरपुर अंताक्षरी के शुरुआत कइल गइल बा, जेकरा के दर्शकन द्वारा काफी सराहल भी जा रहल बाटे।

मैजिक टीवी पर पहिला रियलिटी शो के रुप में 'मैजिक अंताक्षरी' शुरु कइल गइल बा, जेकर संचालन प्रसिद्ध गायक/ अभिनेता सुनील छैला बिहारी कर तारे, जबकि निर्णायक (जज) के भूमिका में लोकगायिका देवी आ भोजपुरी फिल्मन के खलनायक विजय खरे बाडे। एह अंताक्षरी के सबसे बडहन खासियत ई ह कि एह में भोजपुरिया माटी से जुडल लोकगीतन के प्राथमिकता दिहल जा रहल बाटे।

"अपना बाकी कार्यक्रमन का तरह एह अंताक्षरी में भी हमनी का मौलिकता के बरकरार रखे के कोशिश कइले बानी जा। एह में रउरा अपना घर-परिवार में होखे वाला अंताक्षरी के झलक मिल सकेला," मैजिक टीवी के चेयरमैन अशोक गुप्ता जी कहलन। एही भावना के आगे बढावत चैनल के मुख्य कार्यकारी अधिकारी संजय सचदेवा के कहनाम बा कि "माटी से जुडल चीजन के हमनी के चैनल में शुरु से प्राथमिकता मिलेला, आ हमनी के कोशिश बा कि आगे भी ई परंपरा जारी रहो।"

एकरा अलावा मैजिक टीवी पर 'रितिया के गीतिया', आ 'विधा के सुर' नाम से कार्यक्रम के भी शुरु कइल गइल बाटे। एह कुल्ह से आगे बढ के चैनल के प्रोग्रामिंग प्रमुख रवि शेखर के कहनाम बा कि "जल्दिये 'देवभूमि का रहस्य', 'गोमाता' आउर 'कैप्टन किशोरी लाल' नाम से धारावाहिक आ 'कमाल हो गइल' नाम से हास्य व्यंग के श्रृंखला शुरु होखे जा रहल बाटे, जवन कि भोजपुरिया दर्शकन खातिर एगो अलग तरह के अनुभव रही।"
 
Banner