Home Music News मैजिक टीवी पर गोनू झा के जलवा

मैजिक टीवी पर गोनू झा के जलवा

E-mail Print PDF
नई दिल्ली। राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर घोषित कुछ खास दिनन में पहिला अप्रैल भी शामिल बाटे। पच्छिमी संस्कृति से आइल एह परंपरा के अनुसार लोग एह दिन एक-दुसरा के बुद्वू बना के मनोरंजन करेला। अइसन माहौल में बिहार के मिथिलांचल के धूर्त सम्राट गोनू झा के याद लोगन के जेहन में अचानके कौंध जाला।

धूर्तता, चतुराई अउर बुद्विमत्ता  के प्रतीक गोनू झा समाज के हर तबका का लोगन में प्रसिद्ध बाडे, आ मैजिक टीवी उनका एही करिश्माई शख्सियत के घर-घर पहुँचाये खातिर उनका उपर एगो मेगा सिरियल बनाये जा रहल बाटे। वइसे त गोनू झा के किस्सा सुनला पर ऊ एगो काल्पनिक पात्र नियन नजर आयेले, लेकिन मिथिलांचल के विद्वानन के अनुसार गोनू झा दरभंगा जिला के सिंहबाड़ा प्रखंड़ के निवासी रहलन। चतुराई से भरल उनकर कई गो कहानी आजो लोगन के जेहन में बसल बाटे।

जल्दिये शुरु होखे जा रहल एह मेगा सिरियल के बारे में मैजिक टीवी के चेयरमैन अशोक गुप्ता के कहनाम बा कि सिरियल गोनू झा के शुटिंग बिहार के कई जगहन पर जोर-शोर से चल रहल बाटे। “गोनू झा के खासियत इ रहे कि उनका कहानियन में बच्चा लोग खातिर आ बडहन लोग खातिर अलग-अलग कहानियां बाटे, उनका चतुराई से भरल कहानी ना सिर्फ रोचक बा, बल्कि हर कहानी अपना पीछे अपने-आप में एगो संदेश छोड जाला,” अशोक गुप्ता कहलन।

चैनल के सहायक महाप्रबंधक (प्रोग्रामिंग) रविशेखर गोनू झा के जीवन के उपर प्रकाश डालत कहलन कि गोनू झा तेरहवीं शताब्दी के मिथिला के महाराज हरिसिंह देव के समकालीन रहलन, आ उनकर परिचय भी पंजी से मिल चुकल बाटे। एतना लोक प्रसिद्व पात्र भइला के बावजुदो गोनू झा पर कवनो विशेष काम नइखे भइल, एह से मैजिक टीवी के मुख्य कार्यकारी अधिकारी संजय सचदेवा एह पात्र पर मेगा सिरियल बनाये के फैसला लिहलन। मैजिक टीवी आगे भी एही तरह के जमीन से जुडल पात्रन आ चरित्रन के जनता के सामने ले आये के कोशिश में लागल रही।

त बस इंतजार करत रहीं हंसी, गुदगुदी, चालाकी अउर बुद्विमत्ता  से भरल एह सिरियल गोनू झा के, जवन कि बहुत जल्दिये मैजिक टीवी पर शुरु होखे जा रहल बाटे।
 
Comments (2)
GONU JHA
1 Saturday, 10 April 2010 09:44
SANJAY KUMAR
In the captioned picture Gonu Jha has been shown as wearing "HAWAI CHAPPAL". If the serial depicts in story of 13th century, how come the character can be be found to wearing "HAWAI CHAPPAl'.

The producer-director should be wary about such things.
Gonu jha
2 Friday, 16 April 2010 15:10
Dhiraj
Magik tv gives the plateform like gonu jha (character) thats wonderfull....... all the wishes to serial and magik tv too
click here