हाल में ही शुरु भइल भोजपुरी टीवी चैनल "भोजपुरिया मैजिक" के जादू धीरे-धीरे लोगन पर छा रहल बा, आ एकरा प्रशंसकन का लिस्ट में सबसे नया नाम हवे भरत शर्मा के।
पिछला हफ्ता अपना दिल्ली प्रवास का समय प्रसिद्ध भोजपुरी गायक भरत शर्मा 'ब्यास' भोजपुरिया मैजिक के कार्यालय में अइले, आ कार्यक्रम के पुरा रुपरेखा देखला के बाद कहले - "आज के भोजपुरी संगीत, अभिनय अउरी कला में फूहड़ता के देख के मन बदहाल हो गईल रहे, लागत रहे कि स्वस्थ मनोरंजन अब एगो सपना बन गईल बा, लेकिन भोजपुरिया मैजिक के कार्यक्रम अउरी उद्देश्य के देख के मन निहाल हो गईल।"
"आज एह चैनल के कार्यक्रम देख के हम कह सकेनी कि भोजपुरी भाषा, साहित्य, कला आ संस्कृति के विकास के जवन काम रउरा लोग क रहल बानी, ऊ ना सिर्फ भारत में बल्कि सारा दुनिया में भोजपुरी के विकास में एगो मील के पत्थर नियन साबित होई," भरत शर्मा कहनल।
भोजपुरी गायन के पर्याय बन चुकल भरत शर्मा का मुँह से अपना कार्यक्रमन के तारीफ सुन के एह चैनल से जुडल लोगन में खुशी के लहर दौड गइल। "हमनी के खुशी बा कि भरत शर्मा जइसन महान व्यक्ति के हमनी के कार्यक्रम पसंद आइल, आ हमनी का विश्वास दिआवल चाह तानी जा कि हमनी का भरत जी के आ आम जनता के अपेक्षा पर हमेशा खरा उतरे के कोशिस करब जा," चैनल के मुख्य कार्यकारी अधिकारी संजय सचदेवा एह अवसर पर कहलन।
भोजपुरिया मैजिक के उद्देश्य पर प्रकाश डालत एकर चेयरमैन अशोक गुप्ता जी कहलन कि एह चैनल के उद्देश्य दर्शकन का बीच में साफ-सुथरा, सच के करीब, मानवीय आ समाजिक विषयन पर आधारित मनोरंजक कार्यक्रम परोसे के बा।
"हमनी का समाज के एक साथे ले के चले के कोशिस क रहल बानी जा, आ अश्लीलता परोस के टीआरपी बढावल हमनी के लक्ष्य नइखे," अशोक जी कहनी। भोजपुरी के प्रति एह चैनल के समर्पण देख के ई त कहले जा सकेला -
"देख के अन्हरिया जब घबराईल जिया,
चलनी जरावे हम एगो बुताईल दीया।"





Tahar Jor kahu naikay baijor bara ho.