नई दिल्ली। एक ओर जहाँ कुछ भोजपुरी टीवी चैनल अपना संस्कार के भुला चुकल बाडे सन, ओहिजे दोसरा ओर भोजपुरिया मैजिक नया जमाना के साथ कदम मिलाये खातिर तैयार बा।
जी हाँ, पिछला कुछ महीना में भोजपुरिया लोगन के बीच आपन खास पहचान बना चुकल चैनल भोजपुरिया मैजिक अब नया अवतार में सामने आ रहल बा। एक ओर जहाँ अब कार्यक्रम के गुणवत्ता पर विशेष ध्यान दिहल जा रहल बाटे, ओहिजे दोसरा ओर एकर नाम भी बदल के छोट क दिहल गइल बा। अब एह चैनल के "मैजिक टीवी" के नाम से जानल जाई।
"बदलाव खाली नामे में नइखे भइल, बल्कि हमनी का अपना कई गो कार्यक्रम में बदलाव करे जा रहल बानी, कई गो नया कार्यक्रम भी शुरु भइल बा। आ एह नया नाम के देख के केहू भी अंदाज लगा सकेला, कि हमनी का भोजपुरी के मौजिक (जादू) घर-घर तक पहुँचावे खातिर तैयार बानी जा," अशोक गुप्ता कहनी, जे कि एह चैनल के चेयरमैन बानी।
उनुकरे बात के आगे बढावत मैजिक टीवी के मुख्य कार्यकारी अधिकारी संजय सचदेवा के कहनाम बा कि ई बदलाव एह चैनल के एगो नया ऊँचाई पर ले जाई, आ नया पीढी के एह से जुडे में सहायता करी। "एकरा संगे ही ई बदलाव भोजपुरिया समाज खातिर भी मनोरंजन के एगो नया दुनिया के राह खोल दी, हमनी के पूरा फोकस अब खाली गुणवत्ता पर बा," एह चैनल के अधिकारी रविशेखर जी कहनी।
मनोरंजन के आड़ में अश्लीलता परोस रहल चैनलन के भीड़ में भोजपुरिया संस्कृति के ध्वज-वाहक बनल मैजिक टीवी के प्रयास सार्थक कहल जा सकेला।
अगर रउरा घरे "मैजिक टीवी" नइखे आवत, त अपना केबल ऑपरेटर के हई सूचना दीं:
Satellite: Insat 4a, Symbol rate: 26665, Frequency: 03725, FEC: 3/4, Polarity: HOR




हमरा उम्मीद बा एकरा में से जिन्न निकली जिन्न निकली,
जे संस्कृति पर हमला बोली ओकर पोल खोली,
भोजपुरियन से इ ता आपन बढ़िया नाता जोरी ,
मैजिक माने जादू होला जादू बिखरी जादू बिखरी,
raua jawab ke intrzar me raur chot bhai..
dev dutt gupta..