पटना। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आज एहिजा कहलन कि बिहार के विकास राष्ट्रहित में बा, आ एकरा के आगे ले जाये के जिम्मेदारी हमनिये के बा।राष्ट्रीय समता पार्टी के जदयू में विलय के अवसर पर आयोजित समारोह के संबोधित करत नीतीश कहलन कि देश के आगे बढाये खातिर बिहार के आगे बढल बहुत जरूरी बा, आ हमनी का एही काम में लागल बानी। राष्ट्रीय समता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा समेत पार्टी के सभ नेता आ कार्यकर्ता के अपना पार्टी में स्वागत करते हुए नीतीश एह निर्णय के बहुत ही उचित, उपयुक्त आ बिहार के राजनीति खातिर शुभ निर्णय बतवलन।
नीतीश के कहनाम बा कि एह निर्णय से लोगन के बीच एगो अच्छा संदेश जाई आ एह से बेहतर माहौल बनी। जदयू से पहिले निष्कासित उपेंद्र के पार्टी में स्वागत करत नीतीश कहलन कि कबो- कबो राजनीति में अइसन मौका आवेला, जब विचारधारा समान भइला के बावजुद लोग अलग हो जाला।
उपेन्द्र के जदयू में स्वागत करत नीतीश जदयू के उनुकर घर बतवलन, आ कहलन कि एही तरह के एक सोच वाला लोग मिल के बिहार के आगे ले जा सकेला। नीतीश के कहनाम बा कि ऊ समाज के हर तबका के संगे लेके प्रदेश के विकास के राह अर ले जावल चाह तारे। एह मौका पर जदयू के कई गो शीर्ष नेता मौजुद रहनल।



