पटना। राष्ट्रपति प्रतिभा सिंह पाटिल अगिला साल 16 जनवरी के नई दिल्ली में एगो समारोह में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के 'पॉलिटिशियन आफ द ईयर अवार्ड' से सम्मानित करिहें। एह से पहिले श्री कुमार के इकोनामिक टाइम्स 'मैन आफ द ईयर' घोषित क चुकल बाटे, आ ई खिताब भी उनुका के 22 जनवरी के मुंबई में दिहल जाई। एगो राष्ट्रीय टीवी चैनल हर साल एसएमएस के जरिये विभिन्न श्रेणियन में सर्वश्रेष्ठ लोगन के चयन करेला।
एह साल राजनीतिक लोगन के श्रेणी में चार लोग नामांकित भइल रहे - कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी, गृहमंत्री पी चिदंबरम, उड़ीसा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक आ नीतीश कुमार, जवना में लोगन के 'पॉलिटिशियन आफ द ईयर' चुने के रहे । एह में सबसे बेसी लोग एसएमएस भेज के नीतीश कुमार के 'पॉलिटिशियन आफ द ईयर' चुनल।




