पटना। एक जमाना में पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव बिहार के सड़कन के हेमा मालिनी के गाल नियन चिकना बनाये के बात करत रहलन। लालू त ओह में सफल ना हो पइलन, लेकिन बिहार के सड़कन के सराहना अब केन्द्र सरकार भी क रहल बाटे।बिहार सड़क विकास निगम [बीएसआरडीसी] द्वारा बनावल जा रहल सड़कन के गुणवत्ता के लिहाज से देश की सबसे बढिया सड़कन में शुमार कइल जाला। ई बात एहिजा केंद्रीय वित्त मंत्रालय के अधीन डिपार्टमेंट आफ इकोनोमिक अफेयर्स [डीईए] के अधिकारी कहलन।
अधिकारियन के कहनाम बा कि बीएसआरडीसी के प्रशंसनीय कार्य के डीईए रिकार्ड में शामिल कइल जाई। डीईए के सचिव महानदासन पी द्वारा बीएसआरडीसी के प्रबंध निदेशक प्रत्यय अमृत के लिखल पत्र में कहल गइल बा कि प्रोजेक्ट के रचनात्मकता काफी प्रशंसनीय बाटे। एशियन डेवलपमेंट बैंक बिहार में बन रहल 820 किलोमीटर लंबा सड़क के निर्माण के पहिला चरण में लगभग 420 मिलियन डालर के सहायता दे रहल बाटे। अधिकारियन के कहनाम बा कि खाली दस महीना में बीएसआरडीसी को एह से 25.28 करोड़ रुपया के लाभ भइल बा।
सड़क निर्माण विभाग के अधिकारियन के कहनाम बा कि करीब 8,000 किलोमीटर के जिला वाला सड़क, 2,035 किलोमीटर के राज्य उच्चपथ (स्टेट हाइवे) आ 3000 किलोमीटर के राष्ट्रीय उच्चपथ (नेशनल हाइवे) में से लगभग आधा के काम पुरा हो चुकल बाटे। आउर एह साल के अंत तक अधिकतर काम पूरा क लिहल जाई।
दोसरा ओर, नई दिल्ली में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन गडकरी बिहार के विकास दर पर मोहित बाडन। एकरा खातिर ऊ बुधवार के राज्य के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के सम्मानित कइलन। भाजपा आ राजग शासित राज्यन के वित्त मंत्रियन के बैठक में गडकरी कहलन कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के नेतृत्व में बिहार सरकार काफी सफल प्रदर्शन क रहल बिया।




