पटना। हर दिन बढ रहल महंगाई के खिलाफ राजद द्वारा आहुत बिहार बंद काफी हद ले असरदार रहल। बंदी के लेके राज्य प्रशासन द्वारा जगह-जगह दंडाधिकारी आ पुलिस जवान तैनात कइल गइल रहले।बंद के सफल बनाये खातिर राजद सुप्रीमो लालू यादव के भी सड़क पर उतरे के पड़ल। बंद समर्थकन का संगे ऊ पटना के डाक बंगला चौराहा पर पहुंचले। ओहिजा समर्थकन के संबोधित करे के दौरान उनुका के गिरफ्तार कइ लिहल गइल। राजद द्वारा आहुत एह बंद के लोक जनशक्ति पार्टी (लोजपा), भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (भाकपा), आ मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी (माकपा) भी आपन समर्थन दिहले रहे।
पटना के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक विनित विनायक के कहनाम बा कि आज बंद के दौरान पटना में लालू प्रसाद, लोजपा अध्यक्ष राम विलास पासवान, पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी, पूर्व सांसद रामकृपाल यादव, अखिलेश सिंह समेत करीब 5,500 बंद समर्थकन के गिरफ्तार कइला के बाद सांझी खान रिहा कइ दिहल गइल।
एकरा अलावा राज्य के विभिन्न क्षेत्रन में भी बंद समर्थकन के गिरफ्तार कइल गइल रहे। पुलिस के अनुसार भागलपुर में 60, पूर्णिया में 100, आरा में 22, खगड़िया में 90 से ज्यादा आ नालंदा में 200 से ज्यादा बंद समर्थकन के गिरफ्तार कइल गइल।
एह बंद के असर यातायात व्यवस्था पर भी देखे के मिलल। बंद के दौरान बंद समर्थक लोग कई जगह पर रेल सेवा भी बाधित करे के प्रयास कइल। एकरा अलावा राष्ट्रीय राजमार्गन के भी जाम कइल गइल। पटना-हाजीपुर मार्ग पर महात्मा गांधी सेतु के बंद समर्थक लोग तीन जगह पर जाम कइ दिहल, जवना से एह मार्ग पर आवागमन पूरी तरह ठप हो गइल रहे।
राजधानी पटना में राजद कार्यकर्ता सबेरे से ही सड़कन पर उतरने लागल। पटना में अधिकांश दोकान आ विद्यालय बंद रहे। पटना के कई जगह पर बंद समर्थक लोग टायर जला के सड़क जाम कर दिहल। पटना सिटी में बंद समर्थक लोग प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आ राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के पुतला भी जरावल।
बंद के असर भागलपुर, पूर्णिया, नालंदा, छपरा, हाजीपुर आ जहानाबाद में भी व्यापक स्तर पर देखल गइल। नालंदा आ नवादा में बंद समर्थकन द्वारा जुलूस निकालल गइल, जबकि मुजफ्फरपुर में भी बंद शांतिपूर्ण रहल। बंद के मद्देनजर राज्य भर में सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम रहे।




