बक्सर। अब एकरा के फगुआ बेयार के असर कहीं या कुछ अउर, लेकिन बक्सर भोजपुरी गीतन के मस्ती में डूबे खातिर तैयार बा। एहिजा अगिला सात मार्च के होखे जा रहल बसंतोत्सव में कई प्रसिद्ध भोजपुरी गायकन के भाग लेवे के उम्मेद बा।एही आयोजन के रुपरेखा बनाये खातिर आज राजकीय पुस्तकालय में भोजपुरी विकास सेवा समिति के एगो बैठक भइल। स्थानीय एसडीओ भानू प्रताप सिंह के अध्यक्षता में भइल एह बैठक में इटाढ़ी प्रखंड के बैरी गांव में सात मार्च के सत्रहवां बसंतोत्सव मनाये के निर्णय लिहल गइल, जवन कि भोजपुरी विकास सेवा समिति के बैनर तले आयोजित होई। बसंत के एह मदमस्त फिजा में भोजपुरी गायन के नया आयाम देवे खातिर एह से जुड़ल कई कलाकारन के भाग लेवे के उम्मेद बा, जवना में भरत शर्मा ब्यास, मनोज तिवारी, गोपाल राय, प्रियंका पायल, आ कई गो अउर कलाकार शामिल बाडे।
एसडीओ भानू प्रताप सिंह आ मंच के संरक्षक नंद कुमार तिवारी के कहनाम बा कि भोजपुरी गायन के प्रतिष्ठा के अक्षुण्ण रखे खातिर ई निर्णय लिहल गइल बा कि एह आयोजन में प्रस्तुत कार्यक्रमन के गुणवत्ता आ स्तर पर विशेष ध्यान दिहल जाई। एह बैठक में एसडीओ आ मंच संरक्षक के अलावा दीना नाथ पांडेय समेत कई लोग मौजूद रहे। आयोजकन के कहनाम बा कि एह सांस्कृतिक कार्यक्रम के संरक्षक पुलिस कप्तान उपेन्द्र कुमार सिन्हा आ डीडीसी मोहन प्रसाद के बनावल गइल बा। एकरा अलावा एह अवसर पर एगो स्मारिका के प्रकाशन भी कइल जाई, जेकर प्रधान संपादक कुमार नयन एकरा के कुछ स्थानीय पत्रकारन के मदद से पूरा करिहें। एह कार्यक्रम के घोषणा से स्थानीय लोगन में भारी उत्साह देखल जा रहल बा। (फोटो: आलोक कुमार)





It is a very delighting news that basant mahotsav will be again celebrated at bairy. Since bairy is my birthplace and my village, i am very happy n glad. there is a sincere request that such programs should be organised all over india.