Home Samachar Bihar गड़हा महोत्सव खातिर बाल कलाकारन के ऑडिशन

गड़हा महोत्सव खातिर बाल कलाकारन के ऑडिशन

E-mail Print PDF
बक्सर। हर साल का तरह एह साल भी बलिया के भरौली में 19 आ 20 फरवरी के गड़हा महोत्सव के आयोजन कइल जाई, जेकर तैयारी पूरा जोर-शोर से चल रहल बाटे। भोजपुरी के नामचीन गायकन आ फिल्मी कलाकारन से भरल एह कार्यक्रम के आयोजन गडहा विकास मंच के तत्वावधान में हो रहल बाटे।

एह साल के कार्यक्रम में मनोज तिवारी, दिनेशलाल यादव निरहू, पंकज केशरी, आराधना सिंह, समेत भोजपुरी फिल्म आ संगीत जगत के कई हस्तियन के शामिल होखे के उम्मेद बाटे। गड़हा विकास मंच (सांस्कृतिक प्रकोष्ठ) के अध्यक्ष गोपाल राय (अभिनेता व लोक गायक) का संगे एकर संयोजक भरत शर्मा एहिजा बतवलन कि एकरा खातिर पांच फरवरी के बक्सर गोलंबर स्थित एगो होटल में ऑडिशन भइल, जवना में करीब दो सौ प्रतिभागी भाग लेले सन। एह ऑडिशन के समय जज के रूप में गीतकार आनंद  गहमरी, फजीहत गहमरी, पंकज बसुधरी उपस्थित रहलन।

एह ऑडिशन के द्वारा एहिजा से विशाल गगन, सुप्रिया पांडेय, जया शर्मा, धनजी चौहान, कृष्णा नंद प्रेमी, संजीत सागर, पवन देव सिंह, गोलू-चंदन सिंह, साक्षी कुमारी, विकास सिंह, छोटू पांडेय, मनजीत राजा, बटेश्वर यादव, आनंद तिवारी, प्रियंका पायल, विकास दुबे, सौरभ राय, विशाल सिंह, अमित  सिंह आ हंसराज यादव के चयन कइल गइल। एह सभ कलाकारन के 19 फरवरी के गड़हा महोत्सव के दौरान आपन गायकी के जौहर दिखाये के मौका मिली। ओकरा अलावा एह लोगन के 20 फरवरी के नामचीन हस्तियन का हाथ से सम्मानित भी कइल जाई। इस मौका पर मंच के अध्यक्ष  हरिशंकर राय, सुशील राय, बब्लु चौबे, नंद कुमार तिवारी, जय प्रकाश जिद्दी का संगे-संगे भारी संख्या में आम लोग मौजुद रहे। (फोटो: आलोक कुमार)
 
Comments (1)
for addition
1 Monday, 08 February 2010 16:46
ratnesh
indore me additon hoke ke chahi.
Banner