पटना। युनाइटेड ब्रेवरीज ग्रुप के चेयरमैन विजय माल्या किंगफिशर के विशेष विमान से सेामवार के रात पटना पहुँचले। बिहार के विकास दर से प्रभावित माल्या एहिजा कुछ निवेश के संभावन तलाशे आइल बाडन।पटना पहुंचला पर लिकर किंग विजय माल्या कहलन कि एही धरती से ऊ आपन कैरियर शुरू कइले रहलन। ओह से उनुका खातिर बिहार के यात्रा हमेशा खास बा, आ एहिजा ऊ अपना ग्रुप के विस्तार के संभावना भी टटोले के कोशिश करिहें। पटना एयरपोर्ट पर सोमवार के सांझ से ही विजय माल्या के आये के लेके सरगर्मी रहे। रात साढ़े नौ बजे के आसपास उनुकर विशेष विमान एहिजा पहुंचल। एयरपोर्ट परिसर में संवाददाता लोग से बातचीत में ऊ कहलन कि हाथीदह (बिहार) में लागल उनुकर इकाई कंपनी के पहिला इकाई रहे।
माल्या के आज मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ सरकार के कुछ वरिष्ठ अधिकारियन से मिले के संभावना बाटे।





जहाँ , बुद्ध , महाबीर जइसन लोग ज्ञान खातिर एहिजा तपस्या कईलस , काहे वोहिजा शराब और नांच के ज्ञान देबे आवत बड़ ?
AE KHATIR SAB LOG KE AAWE KE CHAIN BIHAR MAIN.
BIHAR KE BANA D BIGAR MAT BHAI KAHIE KE HAMAR BIHAR AIESIHIN PICHARAL BAA.
EKRA KE LOG LOOT LELAK BHAI.
JAI BIHAR
Me Satyajeet. A student of PGDAM.
I salute Vijay Malya..
And want to say him invest in BIHAR.
We young people of Bihar support him.