आरा। खुद अनपढ, लेकिन समाज के पढाये के हसरत, आ अपना पइसा से सामाजिक काम करे के इच्छा। अब एकरा के एगो महिला वार्ड पार्षद के जुनून ही कहल जाई, जवन वार्ड में सामाजिक सरोकार से जुड़ल काम जइसे स्कूल बनवाये, सामुदायिक भवन बनवाये से लेके रोड तक के हुलिया बदल दिहले बाडी। लेकिन ई सब करे खातिर ऊ कबो केहू का आगे हाथ ना फैलवली, ना कवनो संस्था बनवली, ना ही कहीं पर्चा-पोस्टर लगा के सेवा के नाम पर पइसा झटके के तिकड़म कइली। ई मौन साधना हवे मछली बेचे वाली वार्ड पार्षद चंदा देवी के, जवन कि आजो शहर के बीचो-बीच मछली बाजार कटरा में पटना से मछली लाके बेच के अपना परिवार के भरण-पोषण करेली। दोसरा लोगन के गम देख के ऊ आपन गम भूला जाली।
वार्ड पार्षद चंदा देवी के जीवन काफी संघर्षपूर्ण रहल बाटे। मछली के कारोबार करे से पहिले ऊ मजदूरी करत रहली। उनुकर पति आ दूनो बेटा भी एही कारोबार से जुड़ल बाटे लोग। महिला सशक्तिकरण के नारा जब ऊ पहिला बेर सुनली, त उनुकर मन भी समाज सेवा के क्षेत्र में आये के भइल, अउर अब ऊ जनप्रतिनिधि बन के समाज की कुरीतियन के मिटाने के काम में जुटल बाडी। अपना सामाजिक काम के बदौलत ऊ आपन एगो अलग पहचान बना चुकल बाडी। (जागरण)




