पटना। बिहार सरकार छपरा आ भागलपुर में करीब 1100 करोड रुपया के लागत से गंगा अउर कोसी नदी पर पुल बनाये जा रहल बिया। मंगलवार के मंत्रीपरिषद के बैठक में पुल निर्माण के एह प्रस्ताव के मंजूरी दिहल गइल। पटना-आरा एनएच-30 अउर एनएच-19 के जोडे वाला ई पूल सोनपुर आ छपरा के बीच में बनी, आ एकर कुल लंबाई 17.8 किलोमीटर रही। गंगा नदी पर बनावल जा रह्ल एह पुल के बनाये में 676 करोड के खर्च आये के संभावना बाटे।
एकरा अलावा एह बैठक में कोचिंग संस्थानन पर अंकुश लगाये खातिर एगो विधेयक पेश करे के भी निर्णय लिहल गइल। ई विधेयक विधानमंडल के चालू सत्र में ही पेश कइल जाई।




bravo bravo bravo