पटना। बिहार जीडीपी के मामला में देश के नंबर वन राज्य बन गइल बा। बिहार के विकास दर गुजरात के विकास दर से भी बेसी हो गइल बाटे। ताजा मिलल आँकडा के अनुसार बिहार के जीडीपी दर 11.3 प्रतिशत से बढ़कर 12.6 प्रतिशत हो गइल बाटे, जबकि देश सबसे ज्यादा जीडीपी वाला राज्य गुजारत के विकास दर 11.05 बा।बिहार सरकार के ताजा आंकड़न में अउर उछाल बतावल गइल बाटे। ताजा आंकड़न के बिहार सरकार के निदेशालय सीएसओ के काल्हे भेजले बाअ। एह आंकड़न के अनुसार बिहार गुजरात से आगे हो गइल बटे, बर्शते गुजरात के पुराने आंकडा में कवनो बदलाव ना आइल होखे।
बिहार के विकास दर पिछला 6 सालन से यानि की 2004-5 से 2008-9 के बीच 11.3 फीसदी रहल हवे। एह रिपोर्ट के अनुसार झारखंड के विकास दर 8.45 फीसदी, उत्तराखंड के विकास दर 9.3 फीसदी, उड़ीसा के विकास दर 9.31 फीसदी अउर गुजरात के विकास दर 11.05 प्रतिशत बाटे।
बिहार के सांख्यिकी निदेशालय अभी जवन नया आंकड़ा प्रस्तुत कइले बा, ओकरा अनुसार मैन्युफैक्चरिंग के क्षेत्र में अनुमान के तुलना में तीन सौ करोड़ रुपया अधिक इंवेस्ट कइल गइल बाटे। एकरा संगे-संगे निर्माण अउर होटल व्यवसाय में आमदनी पहिले के अपेक्षा अधिक भइल बाटे।



