Home Samachar Bihar गुजरात के 5 करोड़ रुपया वापस भेजलन नीतीश

गुजरात के 5 करोड़ रुपया वापस भेजलन नीतीश

E-mail Print PDF
share
पटना। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अउर गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के बीच "बाढ़ राहत के नांव पे भीख" से शुरू भइल विवाद थमे के नाम नइखे लेत। अभी-अभी मिलल जानकारी के अनुसार नीतीश कुमार भाजपा के एक बेर फेर से झटका देते हुए गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा बाढ़ पीड़ितन के मदद खातिर भेजल राशि लवटा देले बाडन।

एहिजा ई याद दिलावल जरुरी बा कि कुछ पहिले बीजेपी के राष्ट्रीय कार्यसमिति के बैठक के दौरान गुजरात सरकार का तरफ से पटना के अखबारन में पूरा पन्ना के विज्ञापन छपवावल गइल रहे, जवना में ई बतावल गइल रहे कि बिहार में आइल बाढ के दौरान गुजरात दिल खोल के बिहारी लोगन के मदद कइले रहे। एह विज्ञापन पर नीतीश कुमार भड़क गइल रहलन। ऊ कहले रहलन कि केहू के मदद कइ के ओकर बखान कइल भारतीय संस्कृति के खिलाफ बा, आ वइसे भी जवन मदद गुजरात सरकार कइले रहे, ऊ रकम मामूली रहे। एह तरह के मदद के बखान के बिहार के जनता के अपमान बतावत नीतीश कहलन कि बिहार के जनता केहू के दया के मोहताज नइखे।

ओही दिने नीतीश घोषणा कइले रहलन कि अगर मदद के लेके एह तरह के नजरिया बा त ऊ गुजरात सरकार के राशि लौटा दिहें। हालांकि, ओकरा बाद में जनता दल (यू) अध्यक्ष शरद यादव के बीचबचाव के बाद ई मानल जात रहे कि ई मामला शांत हो गइल बाटे। लेकिन नीतीश कुमार के कडक रुख के देखते हुये आज गुजरात सरकार के चेक भेज दिहल गइल बाटे।

एह फैसला के बाद बिहार में मौजूदा गठबंधन सरकार के दूनो धडा - जेडी (यू) अउर बीजेपी के बीच तनाव बढ़ गइल बाटे। एक ओर जहाँ जेडी (यू) से जुड़ल मंत्री रकम लवटवला के कदम के बिल्कुल सही बता रहल बाटे, ओहिजे दोसरा ओर बीजेपी से जुड़ल मंत्रियन के कहनाम बा कि ई रकम मानवीय आधार पर विपत्ति के समय दिहल गइल रहे, ओह से एकरा के लवटावल गलत कहाई।
 
Comments (8)
राजनीति अपने न्युनतम स्तर पे रेंग रही है ...
1 Saturday, 19 June 2010 15:14
Navin Bhojpuria
इज्जत देने और करने की आदत किसी दुकान पे नही मिलती , ये तो व्यक्ति के संस्कारो और उसके आचार विचार मे होता है । एक ने पैसा दिया और फिर चिल्ला चिल्ला के हर जगह बोला की मैने दिया मैने दिया और सबसे ज्यादा दिया । अब उसकी औकात् दुसरे ने उसके मुँह पे उसके रुपये फेक कर दिखा दिया ।


1- आपने पैसा दिया , सहायता की अब उसका बाजा बजा बजा के हल्ला मचा के क्या जताना चाहते है ? क्या यह सही है ?

2- नितिश कुमार हाथ मिलाने से भागते है ( बिहार मे ) और चमका चमका के लुधियाना मे हाथ मिलाते है ।

3- मुझे खुशी है की नितिश कुमार ने पैसा लौटाने को कहा , क्योंकि एक भाई दुसरे भाई को भीख नही देता है और अगर दुख के समय मदत करने के मतलब है की बाद मे चिल्ला चिल्ला के लोगो को यह बताना और जताना की हमने तुम्हारी मदत की है , साफ बता रहा है कि कौन क्या है।

सफल होने का इतना ज्यादा घमण्ड नही होना चाहिये । यह भारत की धरती है अच्छे अच्छे धुल फांकते नजर आते है ।
nitsh b modi
2 Sunday, 20 June 2010 02:04
shamim khan
namaskrar
agar modi sarkar ne pidit logon ke madad ke lie paisa dia tha to cholla chilla kar pure desh ko
batane ki kya jarurat thi.
nitish jee ne jo kam kia hai o sarahniya hai fir kisi pardesh ke c.m ki himmat nahi hogi
aisi bat karne ki aur bihar kisi ka mohtaj nahi raha hai n rahega.
nitish kumar par comment
3 Sunday, 20 June 2010 11:57
mukesh chandra srivastava
jo lag musibat me kam aate hai uska ehsan hamesha ke liye ho jata hai, nitish kumar ne paisa louta kar ochhi mansikta ka parichay diya hai.
मदद का पैसा लौटाना निम्न मानसिकता का परिचय
4 Thursday, 24 June 2010 19:33
Rajnandan
मदद गुरात के लोगों ने बिहार के लोगों को दिया था। मदद का पैसा लौटाना बिहार के मुख्यमंत्री जी का निजी स्वाभिमान तथा उनकी निम्न मानसिकता का परिचय है। बिहार की प्रतिष्ठा तब बढती जब मौका मिलने पर पाँच के बदले पच्चीस की मदद हम भी गुजरात को दे पाते!
comment
5 Saturday, 26 June 2010 12:54
anup n singh
gujrat na modi kai bapauty haa. na bihar nitish kai. baki rahat kai rasi lautakai nitish pura biharian kai apmanit kailai baran jaikar pura bihari samudai birodh kailai ba.
gujrat
6 Monday, 28 June 2010 16:53
manoj kumar sah
sabhi bhojpuria team ka hamra taraph se hardik abhinandan karta hun
aur nitish ji pranam karta hun

my name is : manoj kumar sah
from delhi
bhojpuri samaj
7 Thursday, 01 July 2010 15:54
ratan pathak
bhaiya nitish ji ke gussa me bhail ek tarah se thik bhi ba khair hatai a baat ke sab log mil ke bihar ke aage badhai hamar ihe sandesh ba raura log khatir jai bihar
Nitish & Modi
8 Sunday, 18 July 2010 17:09
Ramkumar Pandey
Nitish Kumar is selfish for muslim vot. It in not goog idea.It is insult of people of Gujrat.