पटना। बिहार में बाढ़ आज आउर 23 लोगन के जान ले लेले बाटे, आ एह से मरे वालन के कुल संख्या बढके 52 हो गइल बा। बाढ का वजह से राज्य के 11 जिला में करीब 15 लाख लोग प्रभावित भइल बाटे।पिछला 24 घंटा में बाढ़ से पूर्णिया में 12, सीतामढ़ी में चार , सहरसा में तीन, मधुबनी और दरभंगा में 2-3 आदमी के मरे के खबर मिलल बा। सरकारी अधिकारियन के कहनाम बा कि राष्ट्रीय आपदा बचाव बल के चार गो टीम के मदद से राहत आ बचाव के काम तेज कइल जा रहल बा, आ एहमें एक हजार नाव के लगावल गइल बा।
दोसरा ओर, केंद्रीय जल आयोग से मिलल रिपोर्ट के अनुसार लगभग सब बड़ नदी जइसे बूढ़ी गंडक, बागमती आ कोसी अभी भी खतरा के निशान से उपर बह रहल बाटे। एक ओर सुखाड आ दोसरा ओर बाढ से निपटल नीतीश कुमार खातिर आसान ना होई, लेकिन ऊ एहमें सफल होखस, इहे हमनी के कामना बा।



