Home Samachar Bihar बिहार में जूनियर डॉक्टरन के हड़ताल खतम

बिहार में जूनियर डॉक्टरन के हड़ताल खतम

E-mail Print PDF
share
पटना। बिहार में एह बुधवार से चल रहल जूनियर डॉक्टरन के हड़ताल सोमवार के साझी खान सरकार के संगे भइल एगो सार्थक वार्ता के बाद समाप्त हो गइल। एह वार्ता में सरकार जूनियर डॉक्टरन के स्टाइपन (मानदेय) बढ़ाये के मांग स्वीकार कर लेले बिया, आ बाकी के मांगन पर विचार खातिर एगो समिति के गठन कइल गइल बा, जवन कि 15 अक्टूबर ले सरकार के आपन रिपोर्ट दी।

राज्य के स्वास्थ्य विभाग के एगो अधिकारी एहिजा बतवले कि राज्य के स्वास्थ्य मंत्री नंदकिशोर यादव आ पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल के जूनियर डॉक्टरन के एगो प्रतिनिधि मंडल के सांझी खान एगो बैठक भइल, जवना में सरकार डॉक्टरन के लगभग सब मांगन के मान लिहलस, आ डॉक्टरन से काम पर वापस आये के अनुरोध कइलस, जेकरा के मान के हड़ताल वापस लिहल जा चुकल बा।

एह अधिकारी के इहो कहनाम बा कि सरकार अब जूनियर डाक्टरन के मानदेय के बढ़ाके 25,000 रुपया प्रतिमाह क देले बिया, आ बाकी सब मांगन पर विचार खातिर 15 अक्टूबर तक के समय लेले बिया। एह समझौता के बाद जूनियर डॉक्टर संघ के धनंजय कुमार दावा कइले कि सोमवार के आधा रात के बाद सब जूनियर डॉक्टर काम पर लवट अइहें। बुधवार के एह हड़ताल के शुरु भइला के बाद पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल (पीएमसीएच) आ दरभंगा मेडिकल कॉलेज अस्पताल (डीएमसीएच) में चिकित्सा व्यवस्था के हालत बहुत खराब हो गइल रहे, जवना वजह से 42 लोगन के मौत हो गइल रहे। एह से पहिले सरकार एह हड़ताल के अवैध भी घोषित कइले रहे।