पटना। बिहार विधानसभा उप चुनाव के प्रचार में आइल कांग्रेसी मंत्रियन के टोली आ उनका द्वारा कइल जा रहल टिप्पणियन से जदयू गुस्सा में बाटे। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ पार्टी अध्यक्ष शरद यादव एतवार के कांग्रेस के एह मुद्दा पर दो टूक जवाब दिहले। एह मौका पर मुख्यमंत्री कहले कि नरेगा कांग्रेस पार्टी के फंड से ना बल्कि आम जनता के पइसा से चल रहल बाटे। एहिजा प्रचार करे आइल केन्द्रीय मंत्रियन के अपना पार्टी के नीति पर बोले के चाहीं, योजना पर बात्चीत खातिर अलग फोरम बा। ओहिजा लोग हमनी से सवाल करो, त हमनी का आईना देखा देब जा।
इसी मुद्दे पर शरद यादव के टिप्पणी आउर भी तल्ख रहे। ऊ कहले कि पाखंडी, आईन (संवैधानिक मर्यादाओं) के धज्जियां उड़ाये वाली, भ्रष्टाचार के नाम पर घडि़याली आंसू बहाये वाली पार्टी आ ओकरा मंत्रियन के राज्य सरकार के बारे में बोले के कवनो हक नइखे। अगर केहू केन्द्रीय योजना पर हिसाब लिहल चाहता त कांग्रेसी राज्य सरकारन के खर्चा भी सार्वजनिक कइल जाव।
एह से पहिले चुनाव प्रचार के दौरान केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री सीपी जोशी शनिचर के नरेगा सहित कई योजना के लेके राज्य सरकार के कटघरा में ख़डा करे के कोशिस कइले रहले। मुख्यमंत्री ने कहनाम बा कि सीपी जोशी केंद्रीय मंत्री का रूप में बढिया काम कर रहल बाडे, लेकिन चुनाव का समय उनुका के अपना पार्टी की नीति पर बोले के चाहीं।




