बक्सर। सुर-संग्राम के सेट पर कल्पना द्वारा भरत शर्मा के अपमान कइल उनुका के बहुत मंहगा पडत लउक रहल बाटे। एह आन्दोलन के आज ओह समय एगो नया दिशा मिलल, जब बक्सर में भरत शर्मा के समर्थक लोग उनुका पक्ष में सडक पर उतर गइल।
एह प्रदर्शन में शामिल लोग कल्पना से लिखित तौर पर सार्वजनिक माफी के मांग करत रहे, आ इहो चेतावनी दिहल गइल कि अगर ऊ तुरंत माफी नइखी मांगत त पुरा प्रदेश में उनुकर कैसेट/सीडी के बहिष्कार कइल जाई। एकरा अलावा लोग "सुर-संग्राम" आ महुआ चैनल के भी बहिष्कार के नारा लगावत रहे। बक्सर में एह प्रदर्शन के दौरान जुटल भारी भीड के देख के केहू भी ई अंदाज लगा सकेला कि कल्पना खातिर अब भोजपुरी के राह ओतना आसान नइखे रह गइल।
एह विरोध प्रदर्शन में मुख्य रुप से भोजपुरी विकास सेवा समिति के अध्यक्ष नन्द कुमार तिवारी, गायक सुशील राय, गुड्डू पाण्डेय, रोहित, सोनू, गोलू, करण, विनय, संजय, मृत्युंजय, गायिका किर्ती, सुधाकर, दिवाकर, मनोज, चंदन, इन्द्रजीत, पंकज, गोगिल, मणिराम, पम्मू, राजनीश, नागेन्द्र पाण्डेय आ भारी संख्या में आम लोग शामिल रहे। एकरा अलावा काल्ह डुमराव, राँची, जमशेदपुर, बलिया, बनारस आ कई गो आउर जगह पर भी प्रोटेस्ट होखे जा रहल बा।
एह घटना के आउर फोटो देखे खातिर एहिजा क्लिक करीं (खबर/फोटो साभार: मुकेश चन्द्र जी / आलोक कुमार जी, बक्सर)


