पटना। बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहनाम बा कि प्रदेश में मेघा के कवनो कमी नइखे, आ अगर नया पीढी के पुष्पित आ पल्लवित होखे के मौका मिलल, त बिहार फेर से अपना गौरवशाली स्थान प्राप्त क सकेला।पटना के मोना सिनेमा हाल में आज राज्य सरकार द्वारा आयोजित पहिला बाल फिल्म महोत्सव के उदघाटन करते हुए नीतीश एकरा के एगो बढिया शुरूआत बतावत कहलन कि बाल फिल्म महोत्सव के माध्यम से लइकन के स्वस्थ मनोरंजन होई। इस अवसर पर "किलकारी" के लइकन द्वारा प्रस्तुत हास्य नाटिका "शेख चिल्ली" में ओह लोगन के कलात्मक प्रदर्शन के तारीफ करते हुए नीतीश कहलन कि बिहार में प्रतिभा के कमी नइखे, आ आवश्यकता एह बात के बा कि एह लोगन के अवसर दिहल जाव।
मुख्यमंत्री के कहनाम बा कि एह तरह के कार्यक्रमन के आयोजन से पूरा बिहार में एगो माहौल बन रहल बाते, आ एहसे लइकन के व्यक्तित्व में निखार आई, जवना से ओकनी का एगो समझदार नागरिक का रूप में विकसित होंइहें सन, आ काल्ह देश के बागडोर उनका हाथ में रही।
एह मौका पर नीतीश "किलकारी" के लइकन के प्रोत्साहित करे खातिर मुख्यमंत्री राहत कोष से तत्काल पांच लाख रुपया उपलब्ध करा के एगो कोष के गठन करे के घोषणा कइले। ऊ कहले कि एह कोष के माध्यम से हर साल एह तरह के प्रतिभाशाली लइकन आ कलाकारन्न के अलग से पुरस्कृत कइल जाई।




Pranaam
Aap ne satta ki bagdor sambhali thi tab laga tha ki ab bihar ka kaya - kalp hoga lekin aaj bhi dwiaayami vyaktitwa ke log apni harkate jaari rakhe huye hai aur unka koi baal bhi baanka nahi kar paa raha hai ...
Jab tak aise log jo kanoon tak se khilwaad karte hai aur bekasoor ko phansha dete hai rahenge to kaise vikas ka pahia kargar rup se chalega ...
Aisi isthiti mein prashashan bhi inka khoon nichodta hai aur kanoon ke shirsh hakeem log kalam se logo ki jindgi barbad karte hai
Kya aisa koi formula aapke raaj mein hai jo doodh ka doodh aur pani ka pani kar de ???
Apka
Ek jimmedaar nagrik