पटना। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एहिजा शनिचर के कहलन कि अब ऊ दिन दूर नइखे कि आक्सफोर्ड से पहिले विश्व में शिक्षा केंद्र का रूप में पराकाष्ठा पर रहल नालंदा विश्वविद्यालय खातिर चर्चित बिहार के लोगन के उद्यम आ प्रतिभा की गाथा फेर से दुनिया भर में गावल जाई।पटना में राज्य के श्रम संसाधन विभाग द्वारा आयोजित तीसरा राज्यस्तरीय नियोजन सह मार्गदर्शन मेला के उदघाटन करते समय नीतीश कहलन कि कभी शिक्षा के मामले दुनिया में शीर्ष पर रहल बिहार कालचक्र के गति में नीचे आ गइल बा, लेकिन एहिजा के लोग जितना उद्यमी आ प्रतिभावान बा, ओहसे इहे लागता कि अब ऊ दिन दूर नइखे जब बिहार के लोगन के प्रतिभा आ उद्यम के कायल दुनिया होई।
नीतीश कहलन कि करीब तीन साल पहिले उनुका शासन काल में प्रदेश में शुरू भइल नियोजन सह परामर्श मेला निरंतर देश भर के निवेशकन आ उद्यमियन खातिर आकर्षण के केंद्र बनत जा रहल बा। आउर आज त ई स्थिति बा कि एह साल एह मेला में 25 हजार लोगन के रोजगार देवे खातिर देश के निजी क्षेत्र के 125 से अधिक कंपनी आगे आइल बाडी सन।
नीतीश इहो बतवलन कि साल 2007 में एह मेले के जरिए 11 सौ लोगन के आ साल 2008 में 35 कंपनियन द्वारा 11 हजार लोगन के रोजगार उपलब्ध करावल गइल रहे। मुख्यमंत्री एहिजा युवा पीढी से आह्वान कइले कि ऊ लोग एह मेला में रोजगार के अवसरन के तलाश का संगे-संगे ओह योग्यता के भी अर्जित करो लोग, जेकर आज दुनिया में मांग आ जरूरत बा।





raur baat hamra e bahut achha lagal ki raur kadam bihar ke vikash ke aalawa bihar me rojgar ke awsar paida kareme bahut aage badhat ba. humra sunke bahut achha lagal ki raua yeh sal 25000 hajar rojgar niji company dwara apna janta ke dilwavat bani.yeh se berojgari pa thoda lagam lagi. lekin raua ki avi bahut kam kareke ba,niji company ke aakarshit kare khatir prashasan me sudhar ke jarurat ba.je raua karat bani,lekin fir v humra lagat ba ki aur behtar dhangse uchit kadam uthave ke padi....
Dhanyawad.
Suraj Babu
Aap mahan hai aur aap jaise imandar bichar wale Bihari ki jarurat hai Bihar ko
Dhanyabad
it is right that you are doing in the field of industries and agriculture but there is also great need to uplift the standard of education in bihar so that we don't have to go other states for studying .a major part of the income of the people is being sent out of bihar in the form of tuition fee which can be prevented by opening quality education institution in bihar