नई दिल्ली। कुछ साल पहिले शायद केहू सपनो में ना सोचले होई कि भोजपुरी मे एक ना बल्कि कई गो टीवी चैनल शुरु हो सकेला। मात्र कुछ साल पहिले ले लडखडात भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के दिन का बदलल, एक के बाद एक कई गो टीवी चैनल एह भाषा के महक घर-घर में पहुँचाये खातिर आ गइल बाडी सन। एही कडी में सबसे नया नाम हवे "भोजपुरिया मैजिक" के, जवन कि भोजपुरिया माटी के जादू घर-घर में पहुँचा रहल बाटे।
कई गो टीवी चैनलन के आपन सेवा दे रहल "ए एस एल ग्रुप" जब आपन भोजपुरी टीवी चैनल शुरु कर ए के घोषणा कइलस, त कई लोग आश्चर्य में डूब गइल। लेकिन सब आशंका के दरकिनार क के पिछला 7 अप्रैल 2009 के भोजपुरी के सांस्कृतिक केन्द्र बनारस में एकर उदघाटन भइल। ओह उदघाटन का अवसर पर भारत में मॉरीशस के हाई-कमिश्नर मुक्तेश्वर चुन्नी के उपस्थिति ही एह चैनल के अंतर्राष्ट्रीय सोच के परिचायक रहे।
अपना शुरुआत से मात्र 3 महीना का भीतर ई चैनल भोजपुरिया लोग में आपन एगो अलग पहचान बना लेले बा, आ एकर दर्शकन के संख्या लगातार बढ रहल बाटे। भोजपुरी चैनलन के भीड में एह चैनल में अलग का बा, जब ई सवाल हमनी का एह चैनल के चेयरमैन अशोक गुप्ता जी से पूछनी, त उनुकर जबाब रहे - "हमनी के चैनल भोजपुरी माटी से जुडल विषय पर बात करी, ना कि फूहडता पर। हमनी के कुछ कार्यक्रम अइसन बा, जवन कि रउआ के आपन गांव के याद दिया दी।"
एह चैनल के भविष्य खातिर कइल योजना के खुलासा करत एकर मुख्य कार्यकारी अधिकारी (सीईओ) संजय सचदेवा जी कहनी कि "भोजपुरी हिन्दी के बाद एह देश में सबसे ज्यादा लोगन द्वारा बोले आ समझे जाये वाली भाषा हवे। लेकिन भोजपुरी में अब ले जेतना भी चैनल आइल बाडे सन, ओहनी में माटी के महक नइखे मिलत। कुछ त खाली संगीत पर आधारित बाटे, आ कुछ में भोजपुरी के अइसन रुप प्रयोग होता, जवना पर बात नाहिये कइल जाव, त ठीक्र रही... हमनी के चैनल भोजपुरी खातिर पहिला इंफोटेनमेंट चैनल हवे, आ हमनी का एह में इस्तेमाल हो रहल भाषा के स्वरुप पर विशेष ध्यान दे रहल बानी जा।"
"भोजपुरी में लोगन के एक संगे जोडे के ताकत बा, आ एकर मिठास के हमनी का गैर-भोजपुरिया लोगन तक भी ले जाये के कोशिस क रहल बानी जा। संगीत, शिक्षा, स्वास्थ्य, पढाई-लिखाई, आ खेती से संबंधित हमनी के कार्यक्रम गांव आ शहर में रह रहल सब लोगन खातिर समान रुप से उपयोगी रही," रवि शेखर जी कहनी, जेकि एह चैनल में एगो उच्च पद पर बानी।
एगो आउर चैनल के आगमन भोजपुरी भाषा आ संस्कृति खातिर शुभ संकेत हवे, आ एकरा के भोजपुरी के विकास यात्रा में एगो मील के पत्थर का तौर पर देखल जाये के चाहीं। भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार का ओर से एह चैनल के पूरा टीम के शुभकामना।
अगर रउरा घरे "भोजपुरिया मैजिक" नइखे आवत, त अपना केबल ऑपरेटर के हई सूचना दीं:
Satellite: Insat 4a, Symbol rate: 26665, Frequency: 03725, FEC: 3/4, Polarity: HOR





i am already client of dish tv and airtel digital tv so, plz kindly provide details for viewing your channel