Home Samachar National ना पारित होखे दिहल गइल महिला आरक्षण विधेयक

ना पारित होखे दिहल गइल महिला आरक्षण विधेयक

E-mail Print PDF
नई दिल्ली। कांग्रेस आ भाजपा के लाख कोशिश के बावजूद अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस पर औरतन के आरक्षण के तोहफा नाहिये मिल सकल। समाजवादी पार्टी, राष्ट्रीय जनता दल, बहुजन समाज पार्टी अउर जनता दल (यू) के महिला आरक्षण विधेयक के मौजूदा स्वरूप पर प्रबल विरोध कइला के बाद एह  विधेयक के आज राज्यसभा से मंजूरी ना मिलल।

राज्यसभा में विधि एवं न्यायमंत्री वीरप्पा मोइली हालांकि विधेयक के रख के एह पर चर्चा कराये के पेशकश कइलन, लेकिन सपा, राजद, बसपा आ जद (यू) के सांसद लोग संसद के दूनो सदन में जबरदस्त हंगामा कइल, जवन कि शायद भारत के संसदीय इतिहास में एह से पहिले कबो ना देखे के मिलल रहे। राज्यसभा में ई विरोधी लोग सभापति (उप-राष्ट्रपति) हामिद अंसारी के मेज पर राखल माइक उखाड दिखल, कलमदान फेंक दिहल, अउर विधेयक की प्रति फाड़ के उनुका कुर्सी का ओर उछालल गइल। स्थिति के नियंत्रित करे खातिर मार्शल बोलाये के पडल, आ अंत में कार्यवाही काल्ह तक स्थगित कइ दिहल गइल।

लोकसभा में सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव आ राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव विधेयक विरोधी सांसदन के अगुवाई करत रहलन। खाली एही विरोध का वजह से आज दूनो सदनन में कवनो काम ना भइल अउर पांच-पांच बेर कार्यवाही स्थगित करे के पडल। राज्यसभा में विधेयक पर सांझी खा छह बजे मतदान होखे के रहे, अउर भाजपा आ वामदलन के विधेयक के समर्थन दिहला के घोषणा कइला के बाद सरकार आश्वस्त रहे कि विधेयक पारित हो जाई, लेकिन बाद में ऊ लोग भी सरकार से पहिले चर्चा कराये के बात कहल।

वइसे एह नाटकीय घटनाक्रम के बाद लालू प्रसाद यादव अउर सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव एह मुद्दा पर सरकार से समर्थन वापसी के धमकी तक दे दिहल। वइसे कांग्रेस अउर भाजपा संसद में एह तरह के तोडफ़ोड़ आ हंगामा के निन्दा कइले बाडी सन। कांग्रेस प्रवक्ता अभिषेक मनु सिंघवी के कहनाम बा कि विधेयक पारित होखे में भले ही थोड़ा समय लाग जाव, लेकिन हमनी का अब एकरा के पारित करवा के ही दम लेब। ऊ इहो कहलन कि आज एह ऐतिहासिक विधेयक के पारित करा के जहां आज के दिन हमनी के संसदीय इतिहास में गर्व के दिन बन सकत रहे, ओहिजे मुठ्ठी भर लोगन का वजह से ई शर्म के दिन बन गइल।

भाजपा आ कांग्रेस दूनो एह मुद्दा पर अपना कुल्ह सदस्यन के मंगलवार के हाजिर रहे, आ एह विधेयक के पक्ष में मतदान करे के व्हिप जारी कइले बाडे सन। दोसरा ओर, सोमवार के दूनो सदनन में हंगामा के सबब रहल महिला आरक्षण विधेयक के संदर्भ में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह मंगलवार के एगो सर्वदलीय बैठक बोलवले बाडे। भाजपा अउर वाम दलन द्वारा महिला आरक्षण विधेयक पर बहस के मांग कइला के बाद ई सर्वदलीय बैठक बोलावल गइल बाटे, जवना में एह विधेयक के भविष्य तय होई।
 
Banner