Home Samachar National जय भोजपुरी डॉट कॉम के पहिला स्थापना दिवस समारोह आज

जय भोजपुरी डॉट कॉम के पहिला स्थापना दिवस समारोह आज

E-mail Print PDF
नई दिल्ली। भोजपुरी भाषियन के सबसे बडहन सोशल नेटवर्क जय भोजपुरी डॉट कॉम के एक साल पूरा भइला के उपलक्ष्य में आज (17 जुलाई 2010) के नई दिल्ली स्थित के राजेन्द्र भवन में एगो कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल बाटे, जवना में भारी संख्या में वेबसाइट के सदस्यन, और अन्य भोजपुरियन के शामिल होखे के संभावना बाटे।

सांझ के 4 बजे शुरु होखे जा रहल एह कार्यक्रम में “इंटरनेट पर भोजपुरी के दखल” विषय पर एगो परिचर्चा भी होई, जवना में देश-विदेश से आइल जय भोजपुरी डॉट कॉम के कई सदस्यन के भाग लेवे के संभावना बाटे। एकरा अलावा सांझी खान भोजपुरी गीतन के रंगारंग कार्यक्रम आयोजित कइल गइल बाटे, जवना में भोजपुरी के नामचीन गायक अउर जय भोजपुरी डॉट के कुछ सदस्य भोजपुरी गीत प्रस्तुत करिहें।

एह बारे में जय भोजपुरी डॉट कॉम के वरिष्ठ सदस्य मोंटू सिंह के कहनाम बा कि जय भोजपुरी डॉट कॉम भोजपुरी भाषियन के एगो मंच हवे, जहँवा लोग जाति-धर्म अउर क्षेत्रीयता के भेद-भाव भुला के भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के विकास खातिर प्रयासरत बाडे। दिल्ली के भोजपुरियन के बीच चर्चा में आ चुकल एह कार्यक्रम में भारी संख्या में आम लोगन अउर भोजपुरिया समाज से जुडल कुछ प्रसिद्ध हस्तियन के भाग लेवे के भी संभावना बाटे।

एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि जय भोजपुरी डॉट कॉम भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार के ऑनलाइन सोशल नेटवर्क हवे, जवन अपना शुरुआत के एक साल के भीतर ही आम जन-मानस के ध्यान अपना ओर खींचे में सफल भइल बाटे। साढे सात हजार से बेसी सदस्यन के साथ जय भोजपुरी डॉट कॉम देश-विदेश में बसल भोजपुरिया लोगन के बीच एगो सेतू के काम कर रहल बाटे, जवना पर भोजपुरी आ भोजपुरिया लोगन से संबंधित गंभीर मुद्दा पर चर्चा होत रहेला।
 
Comments (4)
संभावना के उम्मीद में बदलल ठीक रही
1 Saturday, 17 July 2010 09:07
Sharat
संभावना के उम्मीद में बदलल ठीक रही .. एह ले की इ जवान प्रोग्राम के कंसेप्ट बा, इ बहूत ही बढ़िया बा |
आ उम्मीद न पूरा भरोसा बा की आज के प्रोग्राम में सफलता मिली .... बहूत कुछ नया जाने के मिली ... आ बहूत कुछ आगे के बारे में सोचल जाई .. आ संगे संगे ओकरा उप्पर काम भी सुरु होई .

जय भोजपुरी
शरत
Mubarak Ho
2 Saturday, 17 July 2010 16:15
Nitish Pratap Singh
Mubarak Ho Pehla Jai Bhojpuri Sathapan Diwas Jai Bhojpuri....
jai bhojpuri
3 Sunday, 18 July 2010 05:03
shashi kumar
Bahut bahut badhai baa pahilaka sathapanaa divas ke, aa samaroh ke safalta ke kamanaa baa baba mahadev se
jai bhojpuri
comment
4 Sunday, 18 July 2010 16:44
anup narayan singh
JaiBhojpuri.com kai puri team ko partham salgirah par Bihari Khabar ki taraf sai badhai
click here